टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मणिपुर के लेके एक्शन में अमिश शाह, इस्थिति के समीक्षा खातिर बोलवले हाई लेवल बैठक; सुरक्षा बलन के वरिष्ठ अधिकारियन के साथे करिहें बातचीत

02:06 PM Jun 17, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

मणिपुर पिछिला एक साल से हिंसा के आग में तप रहल बा। बहुसंख्यक मेइती समुदाय के अनुसूचित जनजाति के दर्जा देवे के मांग के विरोध में जातीय हिंसा भड़क उठल रहे। जो अबतक शांत नइखे हो पावत। एकरा के लेके RSS के प्रमुख मोहन भागवतो चिंता जतवले रहले। उहे अब केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह मणिपुर के लेके एक्शन में नजर आ रहल बाड़े।

Advertisement

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह सोमार के मणिपुर में सुरक्षा हालात के समीक्षा करिहें जहां एक बरिस से  अधिका समय से जातीय हिंसा के माहौल बा। अधिकारी बतवले कि केंद्र आ राज्य सरकार तथा आउर सुरक्षा बलन के वरिष्ठ अधिकारी एह संबंध में एगो उच्च-स्तरीय बइठक में हिस्सा लिहें। मणिपुर के राज्यपाल अनुसूइया उइके ऐतवार के इहाँ शाह से मुलाकात कइले रहले आ दुनु जानाराज्य के मौजूदा हालात पs चर्चा कइले।

बहुसंख्यक मेइती समुदाय के अनुसूचित जनजाति के दर्जा देवे के मांग के विरोध में राज्य के पहाड़ी जिलन में आदिवासी एकजुटता मार्च के बाद 3 मई, 2023 के मणिपुर में जातीय हिंसा भड़क उठल रहे। तब से जारी हिंसा में कुकी आ मेइती समुदाय आ सुरक्षा बलन के 220 से ज्यादा लोग मारल जा चुकल बाड़े। राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (आरएसएस) के प्रमुख मोहन भागवत 10 जून के मणिपुर में एक साल के बादो शांति ना कायम होखे पs चिंता जतवले रहले।

Tags :
Amit sahKuki militants in Manipurlaws and orderManipur
Advertisement
Next Article