टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! जवना साधना कट खातीर लईकी पागल रहली, ओकरा पीछे बा मजेदार कहानी...

07:33 AM Apr 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।

Advertisement

आजू पढ़ी जवना साधना कट खातीर लईकी पागल रहली, ओकरा पीछे के कहानी का बा?

साधना शिवदासानी अपना समय के बेहतरीन अभिनेत्री रहल बाड़ी. साधना ना खाली अभिनय खातिर मशहूर भइली बलुक हेयर स्टाइल खातिर अउरी मशहूर हो गइली. ‘मेरा साया’, ‘वो कौन थी’ आ ‘'वक्त’ जइसन सुपरहिट फिलिमन में काम करे वाली साधना के लोग के आजुओ याद बा. साधना के जनम पाकिस्तान के कराची में भइल रहे। आज हम रउआ सभे के साधना के एगो अनसुना कहानी बतावे जा रहल बानी। रउरा सभे के जरूर निक लागी-

साधना अपना कैरियर के शुरुआत राज कपूर के फिल्म ‘श्री 420’ से बाल कलाकार के रूप में कइली. एकरा बाद सोलह साल के उमिर में उनुका के सिंधी फिल्म ‘अबाना’ में लीड के रूप में देखल गइल. साधना एह फिलिम में काम करे खातिर महज एक रुपिया लिहली. हालांकि एह फिल्म से उनुका कवनो खास पहचान ना मिलल. साधना के लोकप्रियता फिल्म ‘लव इन शिमला’ से मिलल. फेर एगो समय आइल जब ई अभिनेत्री अपना समय के सबले बेसी वेतन पावे वाली नायिका बन गइली. लव इन शिमला में साधना के अभिनय तs सराहल गइल साथे उनुकर हेयर स्टाइल भी लोग के बहुते नीक लागल. एह हेयर स्टाइल के पीछे भी एगो मजेदार कहानी बा।

 

एह तरे साधना कट मशहूर भइल

बतावल जाला कि जब साधना लव इन शिमला में काम करत रहली तs फोटो में उनुकर माथा साफ लउकत रहे। साधना के चेहरा फिल्म निर्देशक आरके नैय्यर के तनी अजीब लागल. आरके नैय्यर के साधना के माथा बहुत बड़ लागल। उs हॉलीवुड एक्ट्रेस ऑड्रे हेपबर्न निहन साधना के हेयर स्टाइल करावा देले अवुरी आगे के बाल के माथे पs पसार के माथा के छिपा देले। बाद में साधना के इs हेयर स्टाइल उनुकर पहचान बन गईल। ई हेयर स्टाइल एह अभिनेत्री के बहुते सूट कइलस जवना के बाद में ‘साधना कट’ के नाम से जानल गइल. साधना के बियाह अपना पहिला फिल्म ‘लव इन शिमला’ के निर्देशक आर के नैय्यर से भइल. शूटिंग के दौरान ही दुनो लोग के एक दूसरा से प्यार हो गईल। आर के नैय्यर के निधन 1995 में हो गइल रहे। दुनु में से केहू के कवनो संतान ना रहे एहसे अभिनेत्री अकेले रह गइली. पति के निधन के बाद साधना रोग से पीड़ित होखे लगली। उs सार्वजनिक आयोजन में शामिल होखे में भी कमी कईले। आखिरकार 25 दिसंबर 2015 के ई दिग्गज अभिनेत्री एह दुनिया से हमेशा खातिर अलविदा कह दिहली.

 

 

 

Tags :
Atwari ChaunkFilm Director RK NayyarFilm IndustryHow Sadhna Heroine's Sadhna Cut was madeKhabar Bhojpuri Entertainment Newsr k nayyarSadhnaSadhna Kar's Marriagesadhna shivdasanispecial-storySunday specialTalk of old timesUntold Story of Sadhna Heroineअतवारी छौंककैसे बना साधना हीरोइन का साधना कटखबर भोजपुरी मनोरंजन न्यूज़फिल्म इंडस्ट्रीफिल्म निर्देशक आर के नैय्यरबात कुछ पुराने समय कीवक्तवह कौन थीसंडे स्पेशलसाधना कर की शादीसाधना हीरोइन की अनसुनी कहानीस्पेशल स्टोरी
Advertisement
Next Article