For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

तीन हजार एकड़ में फइलल बा अनंत अंबानी के ‘वंतारा’

09:37 PM Feb 27, 2024 IST | Sonu Kishor
तीन हजार एकड़ में फइलल बा अनंत अंबानी के ‘वंतारा’
Advertisement

Vantara (Animal rescue center): ए प्रोजेक्ट में अबहीं ले 200 हाथियन सहित हज़ारन जानवर सन के बचावल गया है। एमे हर तरह के पशु, पक्षी आ सरिसृप शामिल बा। गेंडा, चीता आ मगरमच्छ सहित कई प्रजातियन के पुनर्वासो कइल गइल बा।

Advertisement

Anant Ambani Vantara: प्रसिद्ध उद्योगपति मुकेश अंबानी के छोट बेटा अनंत अंबानी के प्री वेडिंग समारोह के जश्न 1 मार्च से जामनगर में शुरू होई। एही जश्न के बीच अनंत अंबानी जानवरन के पुनर्वास के समर्पित प्रोजेक्ट ‘वंतारा’ के लॉन्च कइले। रिलायंस के जामनगर रिफ़ाइनरी कॉम्प्लेक्स के ग्रीन बेल्ट में वंतारा के खातिर 3,000 एकड़ के जगह दिहल गइल बा। ए इलाकन के हरिहर जंगलन के जइसे विकसित कइल गइल बा। वंतारा, जानवरन के समर्पित आपन खानी त देश के पहिला कार्यक्रम हऽ।

Anant Ambani का कहले ?

वंतारा के बारे में अनंत अंबानी कहले हऽ, “बहुत छोट उमिर से ई हमार सपना रहें बाकिर अब वंतारा हमार जीवन के एगो मिशन बन गइल बा। हमनीं के सबसे बेसी ध्यान देश के सर्वाधिक संकटग्रस्त प्रजातियन के बचावे में लागल बा। हमनीं के मिशन में देश-विदेश के जानवरो आ चिकित्सा मामला के कई गो विशेषज्ञन लो शामिल बा। वंतारा केंद्रीय चिड़ियाघर प्राधिकरण आ अन्य सरकारी संगठनन के साथे पार्टनरशिप में काम करेला।”

Vantara के पीछे आपन सोच रखले 

वंतारा के पीछे आपन सोच के बारे में अनंत अंबानी ने कहले, “सदियन से ‘करुणा’ के भावना हमनीं के संस्कृति के अंग रहल बा , ए भावना के साथे हम आधुनिक विज्ञान, तकनीक आ प्रोफ़ेशनल नज़रिए के जोड़ रहल बानी। जीव सेवा, भगवान के सेवा हऽ आ इंसानियत के तकाज़ा हऽ।”

Vantara- हाथियन खातिर विशेष शेल्टर

वनतारा में हाथियन खातिर विशेष शेल्टर बनावल गइल बा। हाथियन के नहाए खातिर जगे- जगे पोखरा, हाथियन खातिर जैकूज़ी आ मसाज जइसन सुविधो बा। 200 हाथियन के ख़्याल राखे खातिर 500 से ज़्यादा प्रशिक्षित कर्मचारी आ महावत लो बा। एक्स-रे मशीन, लेज़र मशीन, हाइड्रोलिक पुली आ क्रेन, हाइड्रोलिक सर्जिकल टेबल आ हाइपरबेरिक ऑक्सीजन चेंबर आ हाथियन के उपचार के तमाम आधुनिक सुविधाओं से लैस एगो अस्पतालो सेंटर खोलल गइल बा। जवन 25 हजार वर्ग फीट में फइलल बा। अन्य जानवार सन खातिर 650 एकड़ में एगो पुनर्वास सेंटर आ 1 लाख वर्गफीट के अस्पतालो इहाँ बनावल गइल बा।

Tags :
Advertisement