For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दुगो से जादा लाइका वाला ही लड़ सकेले चुनाव, एह राज्य में सरकार लाए जा रहल बा नया कानून

11:57 AM Oct 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
दुगो से जादा लाइका वाला ही लड़ सकेले चुनाव  एह राज्य में सरकार लाए जा रहल बा नया कानून
Advertisement

Advertisement

मुख्यमंत्री एन चंद्रबाबू नायडू आंध्र प्रदेश में घटत युवा आबादी पर चिंता जतवले बाड़न. उs कहले कि दक्षिण भारतीय राज्य के लोग के जादा से जादा बच्चा पैदा करे के चाही। सीएम कहले कि उनुकर सरकार युवा के जनसंख्या अवुरी जनसंख्या दर बढ़ावे खातीर एगो नाया कानून ले आवे के योजना बनावतिया। एकरा तहत आंध्र प्रदेश में स्थानीय निकाय के चुनाव सिर्फ दु या एकरा से जादा बच्चा वाला लोग ही लड़ सकेले। अतवार के सीएम नायडू कहले कि उनुकर सरकार जल्दिए एs मामला में कानून बनावे के योजना बनावतिया।

नायडू कहले कि, "परिवार के लक्ष्य कम से कम दु बच्चा चाहे एकरा से जादे बच्चा पैदा करे के होखे के चाही। पहिले हम जनसंख्या नियंत्रण के वकालत करत रहनी, बाकिर अब भविष्य खातीर जन्म दर बढ़ावे के जरूरत बा... राज्य सरकार कानून पास करी "इs योजना बनावतिया।" अइसन कानून ले आवे के जवना के तहत दू भा ओकरा से अधिका बच्चा वाला लोग ही स्थानीय निकाय के चुनाव लड़ सके.'

Tags :
Advertisement