टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Anil Kapoor: पान मसाला के विज्ञापन करे से अनिल कपूर के साफ इनकार

01:07 PM Oct 22, 2024 IST | Sonu Kishor
अनिल कपूर - फोटो : इंस्टाग्राम @anilskapoor
Advertisement

अभिनेता अनिल कपूर एगो बढ़िया मिसाल पेश कइले बाड़न। उनका बारे में आवे वाला खबर इ बा कि उऽ पान मसाला के विज्ञापन देवे से साफ-साफ मना कऽ देले बाड़े। मीडिया रिपोर्ट में दावा कइल जाता कि अनिल कपूर के पान मसाला के विज्ञापन के ऑफर दिहल गइल रहे आ ओकरा खातिर करीब 10 करोड़ रुपया के ऑफर दिहल गइल रहे। हालांकि नैतिक मूल्य के चलते अनिल कपूर तुरंत एह प्रस्ताव के खारिज कऽ देले।

Advertisement

अनिल कपूर आपन सामाजिक जिम्मेदारी निभावे खातिर जानल जालें। अनिल कपूर के कहनाम बा कि एह तरह के उत्पाद के समर्थन आ विज्ञापन दिहल एगो कलाकार आ एगो व्यक्ति का रूप में उनका नैतिक मूल्यन के उलट बा।

अनिल कपूर के प्रशंसक एह फैसला से बहुते खुश बाड़े आ उनकर तारीफ करत उऽ हारत नइखन। अनिल कपूर के एह फैसला के सोशल मीडिया पऽ बहुते तारीफ हो रहल बा। एगो यूजर लिखले बा कि 'कवनो आदमी के पहचान ओकर कर्म से होखेला'। एगो यूजर लिखले कि, 'एह मामला में कुछ कलाकार के अनिल कपूर से सीख लेवे के चाही'। एगो यूजर लिखले बाड़न कि ‘ई नायक के बात हऽ, गलत आदमी के साथ मत दीं।

अजय देवगन से लेके अक्षय कुमार, टाइगर श्रॉफ आ शाहरुख खान तक के कई गो मशहूर सितारा पान मसाला के विज्ञापन कइले बाड़न आ अइसनका उत्पाद के प्रचार कइले बाड़न। एकरा खातिर उनका अपना प्रशंसकन के गुस्सा के भी सामना करे के पड़ल बा। दोसरा तरफ कई गो अइसन सितारा बाड़े जे पान मसाला के विज्ञापन देबे से सख्त मना कऽ दिहले। अनिल कपूर से पहिले आर माधवन इहे मिसाल पेश कइले बाड़े। संगही, उऽ मसाला के विज्ञापन देवे के प्रस्ताव के खारिज क देले।

अनिल कपूर एह इंडस्ट्री में अपना अभिनय के साथे साथ अपना फिटनेस खातिर मशहूर बाड़न। 67 साल के उमर में भी उऽ बहुत फिट बाड़े। वर्क फ्रंट के बात कइल जाव तऽ अभिनेता 'वार 2' में देखाई दिहें। एमें ऋतिक रोशन आ कियारा आडवाणी के अहम भूमिका बा।

 

Tags :
#entertainmentnews #bollywoodnewsAnil KapoorAnil Kapoor rejected pan masala addBollywood News in bhojpuri Entertainment newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article