टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अनिल शर्मा के कांग्रेस से इस्तीफा: बोललें- आरजेडी से गठबंधन कांग्रेस खातिर घातक, तेजस्वी के ताकतवर होखला से बिहार में जंगलराज के होई वापसी

05:15 PM Mar 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

कांग्रेस के पूर्व बिहार प्रदेश अध्यक्ष अनिल शर्मा पार्टी से इस्तीफा दे देले बाड़ें। ऊ राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे के पत्र लिखके कांग्रेस के सदस्यता से इस्तीफा देले बाड़ें। कहलें कि कांग्रेस आ राजद के गठबंधन पार्टी खातिर हानिकारक बा। तेजस्वी यादव के ताकतवर होखला से जंगलराज के बिहार में वापसी होई।

Advertisement

अनिल शर्मा आगे कहलें कि अध्यादेश फाड़े वाला राहुल गांधी आज लालू प्रसाद के संगे गलबहियां कs रहल बाड़ें। मटन भात खा रहल बाड़ें। दिल्ली में संविधान बचाओ रैली बा, बाकिर सोनिया गांधी के टेकओवर कइला के बाद आंतरिक संविधान खतम हो गइल बा।

खड़गे एगो बेचारा अध्यक्ष, पार्टी में उनकर ना चलेला

पूर्व प्रदेश अध्यक्ष कहलें कि मल्लिकार्जुन खड़गे एगो बेचारा अध्यक्ष हवे। उनकर पार्टी में ना चलेला। ऊ रिमोट कंट्रोल से चल रहल बाड़ें। राहुल गांधी के कश्मीर में मोहब्बत के दोकान खोले के चाहीं, काहेकि उहां एगो समुदाय आतंक मचवले रहेला। उहां मोहब्बत के दोकान खोलस।

महागठबंधन के 4-5 सीट आ गइल तs तेजस्वी के जंगलराज आ जाई 

अनिल शर्मा कहलें कि दिल्ली में जब तक राहुल-सोनिया रही लो, बिहार में लालू-तेजस्वी के संगे गठबंधन बनल रही।अनिल शर्मा इहो कहलें कि अगर लोकसभा में महागठबंधन के 4-5 गो सीट आ गइल तs तेजस्वी के जंगलराज आ जाई। राम लला के आमंत्रण ठुकरावल सांप्रदायिक सोच के देखावत बा।

कांग्रेस के कथनी करनी में फरक

ऊ कहलें कि पप्पू यादव के महिमा मंडित कइल गइल। एकरा पहिले राहुल गांधी यूथ कांग्रेस में नियम बनवले रहस कि जे केहू पs कवनो आपराधिक ममिला दर्ज होई, ओकरा के पार्टी में जगह ना दिहल जाई। 1985 में कांग्रेस के सदस्यता लेले रहनी। 1998 में जनता दल गठबंधन के विरोधी रहल बानी। ओहि, समय से कांग्रेस वोटकटवा पार्टी हो गइल। राबड़ी देवी के सरकार में नर संहार भइल। बिहार में जंगलराज के पनपे देवे में कांग्रेस के बड़ी भूमिका रहल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
Alegations On CongressAnil Sharma Resigns From CongressBhojpuri NewsBihar CongRessCongress President Malikaarjun KhadgeCongress-RJD AllianceEX State PresidentRahul gandhisonia gandhiTejashwi Yadav
Advertisement
Next Article