For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UK: बांग्लादेश के बाद ब्रिटेन में हालात बेकाबू ; अभियो जारी बा हिंसा के दौर, नस्लवाद के विरोध में सड़कन पs लोग

02:52 PM Aug 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
uk  बांग्लादेश के बाद ब्रिटेन में हालात बेकाबू   अभियो जारी बा हिंसा के दौर  नस्लवाद के विरोध में सड़कन पs लोग
Advertisement

बांग्लादेश के अलावे ब्रिटेन में पिछला कइयन दिनन से हिंसा हो रहल बा। इहां के साउथपोर्ट में तीन बच्चियन के मौत के बाद अप्रवासियन के बड़ स्तर पs निशाना बनावल जा रहल बा। एह बीच, धुर दक्षिणपंथी प्रदर्शनन के मुकाबले करन आ अप्रवासियन आउर जातीय अल्पसंख्यकन के संगे एकजुटता दिखावे खातिर बुध के नस्लवाद के विरोध में हजारन लोग इंग्लैंड के सड़कन पs उतर आइल।

Advertisement

सइयन गो प्रदर्शन भइल विफल

समाचार एजेंसी सिन्हुआ के अनुसार, बुध के रात 11 बजे तक, ब्रिटिश सरकार के भारी पुलिस बल तैनात कइल गइला के बाद 100 से जादे संख्या में नियोजित दक्षिणपंथी प्रदर्शन ना हो सकल। ओहिजा, बड़ संख्या में नस्लवाद विरोधी प्रदर्शनकारी लंदन, ब्रिस्टल, ब्राइटन, बर्मिंघम, लिवरपूल, हेस्टिंग्स आ वाल्थमस्टो जइसन शहरन आ कस्बन के सड़कन पs उमड़ पड़ल लो।

नस्लवाद विरोधी प्रदर्शनकारी लोग कहल- प्यार करs 

नस्लवाद विरोधी प्रदर्शनकारी हाथन में तख्ती लेले रहे लो। जेमे लिखल रहे फासीवाद आ नस्लवाद के नष्ट करीं। शरणार्थियन के स्वागत बा, अति दक्षिणपंथ के रोकीं आ प्यार करीं, नफरत ना। ब्राइटन में खाली कुछ के संख्या में अति-दक्षिणपंथी प्रदर्शनकारी पहुंचल लो, जेकर संख्या नस्लवाद-विरोधी भीड़ से बहुते कम रहे।

ई ब्रिटेन खातिर राहत के बात बा, काहेकि कइयन दिनन से देस में मुसलमानन आ आम तौर पs आप्रवासी आबादी के निशाना बनाके दक्षिणपंथी विरोध प्रदर्शन चलत रहे, जवना के परिणामस्वरूप पुलिस अधिकारी घायल हो गइल लो, दुकानन के लूट लिहल गइल आ शरणार्थियोन के होटलन पs हमला कइल गइल।

तेजी से निपटावल जा रहल बा ममिला

उपद्रव के बाद 100 से जादे दंगाइयन पs आरोप लगावल गइल बा आ एह ममिलन के अदालती प्रक्रिया में तेजी से निपटावल गइल बा। बुध के तीन लोगन के जेल भेजल गइल, जेमे से एगो के तीन साल के सजा सुनावल गइल।

काहे भड़कल हिंसा?

सोशल मीडिया के माध्यम से अफवाह फइलावल गइल कि साउथपोर्ट में लईकन के हत्या करे वाला जुवक कट्टरपंथी मुस्लिम प्रवासी रहे। हालांकि, अधिकारी लोग बतावल कि 17 साल के संदिग्ध चाकूबाज, जवना के हत्या के आरोप में गिरफ्तार कइल गइल बा, ओकर इस्लाम से कवनो संबंध नइखे। एकरा बाद सइयन प्रदर्शनकारी सड़कन पs उतर आइल लो। अप्रवासी विरोधी आ मुस्लिम विरोधी प्रदर्शनकारी रुके के नाम नइखे ले रहल लो आ लगातार विरोध-प्रदर्शन कs रहल बा लो। ब्रिटेन के लिवरपूल, ब्रिस्टल, हल आ बेलफास्ट में प्रदर्शन कइल लो। एकरा विरोध में नस्लवाद विरोध करे वाला लोग सड़क पs आ गइल आ दुनो गुटन में जमके हिंसक झड़प भइल। दुनो एक दूसरा पs ईंटा आ बोतल फेंकल लो।

Tags :
Advertisement