For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बर्थडे : अनुपम खेर के जन्मदिन पs रोचक खिस्सा

10:11 AM Mar 07, 2024 IST | Minee Upadhyay
बर्थडे   अनुपम खेर के जन्मदिन पs रोचक खिस्सा
Advertisement

आज अनुपम खेर जी के जन्मदिन हs। अनुपम खेर जी के जनम 07 मार्च 1955 के शिमला में भइल रहे। अगर अनुपम खेर साहब के बात करीं तs फिल्म सारंश के जिक्र जरूर कइल जाव। संक्षेप में कहल जाव तs उनुका कइल काम के जतना तारीफ कइल जा ओतने कम बा। एगो बहुते रोचक कहानी फिल्म सारांश से जुड़ल बा। असल में महेश भट्ट सारांश में मुख्य भूमिका खातिर अनुपम के फाइनल कs दिहले रहले।बाकिर फिल्म के निर्माता चाहत रहले कि संजीव कुमार एह किरदार के निभावे। निर्माता अतना बड़ फिल्म में कवनो नया अभिनेता पs रिस्क ना लेबे के चाहत रहले। निर्माता लोग के जिद के आगे झुकत महेश भट्ट अनुपम खेर से कहले कि, "अनुपम, आप फिल्म में कवनो अवुरी किरदार करी। इs भूमिका संजीव कुमार साहेब करीहे। फिल्म के निर्माता इहे चाहतारे।"

Advertisement

महेश भट्ट से ई बात सुन के अनुपम के बहुत बुरा लागल। उs बहुत दुखी हो गईले। एतना कि उs रोवे लगले अवुरी कहले कि महेश भट्ट झूठा अवुरी धोखेबाज़ हवे। अनुपम के रोवत देख महेश भट्ट के बहुत बुरा लागल। महेश फिल्म के निर्माता लोग के लगे जाके कहले कि ई फिलिम तबे बनावल जा सकेला जब अनुपम के मुख्य किरदार में कास्ट कइल जाई। आखिरकार निर्माता महेश भट्ट सहमत हो गइलें आ अनुपम खेर सारांश में मुख्य किरदार निभवले। एकरा बाद जवन भईल उs इतिहास हs। सबके माने के पड़ी कि अनुपम खेर बेजोड़ अभिनेता हउवें। अनपुम के सारांश के रिलीज के महज दस दिन बाद लगभग 100 फिल्म के ऑफर मिलल रहे।

Tags :
Advertisement