For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

राम नवमीं पs अयोध्या पहुंचल भक्त एह जगह पs घूमल मत भूलाईं, यादगार हो जाई यात्रा

10:02 AM Apr 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
राम नवमीं पs अयोध्या पहुंचल भक्त एह जगह पs घूमल मत भूलाईं  यादगार हो जाई यात्रा
Advertisement

राम के शहर अयोध्या में महीना भर से राम नवमी के तइयारी चलत बा. भव्य राम मंदिर के निर्माण के बाद इहाँ पहिला बेर राम नवमी मनावल जाई। अइसना में भारत आ विदेश से राम भक्त शहर घूमे खातिर अयोध्या पहुंच रहल बाड़े। भव्य राम मंदिर में रामलला के दर्शन करावे खातिर भक्तन के लमहर लाइन लागल बा. अगर रऊवा भी अयोध्या पहुंचल बानी आ जाए के योजना बनावत बानी तs राम मंदिर देखला के बाद जरूर एह सुंदर आ पहचानल जगहन के दर्शन करीं। अयोध्या के राम मंदिर के अलावा एह जगहन के भी विशेष मान्यता बा।

Advertisement

अयोध्या में प्रसिद्ध पर्यटन स्थल

*सरयू नदी- रामलला के देखला के बाद अयोध्या के सरयू नदी में जरूर स्नान करीं। मानल जाला कि बिना सरयू में नहाले अयोध्या के सफर अधूरा रहेला। दूर-दूर से भक्त लोग सरयू में स्नान करे आवेला। मानल जाला कि सरयू नदी में नहाला से जिनगी के सभ पाप बह जाला अवुरी भगवान श्री राम के आशीर्वाद मिलेला।

*गुप्तार घाट- गुप्तार घाट राम जन्मभूमि से लगभग 7-8 किलोमीटर दूर स्थित बा। इहाँ गाड़ी, ऑटो भा ई-रिक्शा से पहुंच सकेनी। अगर रउवा अयोध्या गईल बानी तs गुप्तार घाट जरूर जाईं। इहे उs जगह हs जहवाँ भगवान राम अपना जीवन के अंतिम पल में सरयू जल में गायब हो गईले। गुप्तार घाट पs सूर्यास्त के आनंद ले सकेनी। इहाँ बोटिंग के सुविधा भी बा।

*दशरथ महल- दशरथ महल अयोध्या के राम मंदिर से लगभग 200 मीटर दूर बा। इहे उs जगह हs जहवाँ भगवान राम बचपन में अपना चारो भाई के संगे खेलत रहले। मंदिर के लगे बनल एह भवन के दशरथ भवन के नाम से जानल जाला। भगवान राम के बचपन के याद एह मंदिर में देखावल गइल बा। मंदिर परिसर में एगो भव्य आँगन बा, जहाँ भगवान राम खेलत रहले। राम लला मंदिर के भीतर माई कौशल्या के गोदी में बईठल देखाई दिही

*तुलसी स्मारक भवन- गोस्वामी तुलसीदास के स्मृति में बनल स्मारक तुलसी भवन भी अयोध्या के प्रसिद्ध तीर्थ स्थल में से एगो हs। तुलसीदास जी एही जगह पs रामचरित के रचना कइले रहले. तुसली मेमोरियल में एगो बड़हन लाइब्रेरी बा। इहाँ एगो शोध केंद्र 'अयोध्या शोध संस्थान' भी बा। जहाँ अयोध्या के साहित्यिक, सांस्कृतिक आ आध्यात्मिक महत्व के जानकारी मिलेला।

*दंत धावन कुंड- अयोध्या के हनुमानगढ़ी के पास दंत धावन कुंड स्थित बा। जवना के राम दतौन भी कहल जाला। मानल जाला कि भगवान श्री राम इहाँ के दाँत साफ करत रहले। एही पोखरा से पानी लेके मुंह से कुल्ला करत रहले। अगर रउवा अयोध्या घूमे जा रहल बानी तs एह जगहन के भी घूमे के बा।

Tags :
Advertisement