टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

APJ Abdul Kalam Death Anniversary: बचपन में अखबार बेचत रहलें कलाम, पायलट बनल चाहत रहलें संघर्ष से बन गइले राष्ट्रपति

09:12 AM Jul 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

आजु भारत के 11 वां राष्ट्रपति आ वैज्ञानिक एपीजे अब्दुल कलाम के पुण्यतिथि हs। डॉ कलाम के 27 जुलाई 2015 के आईआईएम शिलांग में लेक्चर देत घरी दिल के दौरा पड़ के निधन हो गइल।  उनुका के मिसाइल मैन के नाम से भी जानल जात रहे। उनकर पूरा नाम अवुल पकिर जैनुलाब्दीन अब्दुल कलाम रहे।

बचपन में रहे संघर्ष 

डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम के जनम 15 अक्टूबर 1931 के तमिलनाडु के रामेश्वरम में भइल रहे। उनकर बाबूजी के नाम जैनुलाब्दीन आ माई के नाम आशियम्मा रहे। उनकर बचपन बहुत संघर्ष में बीतल आ आर्थिक समस्या से उबरे खातीर अखबार बाँटे के पड़ल।

उनकर बचपन के पढ़ाई खाली रामेश्वर में भइल। एकरा बाद ऊ 1954 मेंत्रिची के सेंट जोसेफ कॉलेज से साइंस के डिग्री हासिल कइलें। 1957 में मद्रास इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नोलॉजी से एयरोनॉटिकल इंजीनियरिंग के पढ़ाई कइले।  डॉ कलाम भारतीय रक्षा अनुसंधान आ विकास संगठन (डीआरडीओ) आ भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) में भी काम कइलें। उs रक्षा मंत्री के वैज्ञानिक सलाहकार रहले।

कलाम पायलट बने के चाहत रहलें 

कलाम अपना बचपन में पायलट बने के चाहत रहले बाकिर अइसन ना हो सकल. एकरा बाद ऊ वैज्ञानिक बनलें आ 2002 से 2007 ले भारत के 11वां राष्ट्रपति रहलें। विज्ञान में उनकर गहिराह रुचि रहे। ऊ हमेशा विद्यार्थियन के प्रेरित करत रहले आ बड़का सपना देखे के कहत रहले. डॉ कलाम के 1981 में पद्म भूषण, 1990 में पद्म विभूषण आ 1997 में भारत रत्न से सम्मानित कइल गइल.

 

 

 

 

Tags :
apj abdul kalamAPJ Abdul Kalam Death Anniversaryapj abdul kalam presidentAPJ Abdul Kalam's journeyDeath Anniversarypolitics
Advertisement
Next Article