For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Apple के ई खास गैजेट एगो नया रंग में भइल लॉन्च, एतना बा कीमत

11:53 AM Jul 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
apple के ई खास गैजेट एगो नया रंग में भइल लॉन्च  एतना बा कीमत
Advertisement

एपल अपना यूजर्स खातिर आईफोन के अलावे कइयन दूसरका प्रोडक्ट पेश करत रहेला। यूजर्स खातिर कंपनी मिनी स्मार्ट स्पीकर पेश करेले। एपल के HomePod mini smart speaker कइयन यूजर्स के पसंद आवेला। एही कड़ी में कंपनी एह स्मार्ट स्पीकर के लेके एगो नया बदलाव कइले बा। कंपनी होमपॉड मिनी स्मार्ट स्पीकर के एगो नया कलर ऑप्शन में लॉन्च कs देले बिया। हालांकि, नया कलर पुरान कलर के बदला में ले आवल गइल बा। ग्राहकन खातिर एह प्रोडक्ट के नया मिडनाइट ब्लैक कलर ऑप्शन में ले आवल गइल बा।

Advertisement

Midnight HomePod mini के केतना बा कीमत

होमपॉड मिनी स्मार्ट स्पीकर के नया कलर ऑप्शन पुरान स्पेस ग्रे वर्जन के रिप्लेस करत ले आवल गइल बा। मिडनाइट होमपॉड मिनी (Midnight HomePod mini) भारत आ 31 आउर देसन में 9,999 रुपिया में उपलब्ध होई।

मालूम होखे कि नया कलर के अलावे, होमपॉड मिनी स्मार्ट स्पीकर वाइट, येलो, ऑरेंज आ ब्लू कलर ऑप्शन में आवत बा। हालांकि, नया कलर बहुत हद तक पुरान स्पेस ग्रे जइसने लउकत बा।

एपल के कहनाम बा कि मिडनाइट वर्जन के 100 प्रतिशत रिसाइकल कइल गइल जालीदार कपड़ा के इस्तेमाल कs के बनावल गइल बा।

बता दीं, पिछला होमपॉड मिनी स्मार्ट स्पीकर के कंपनी 90 प्रतिशत रिसाइकल मटीरियल से तइयार करत रहे। हालांकि, कंपनी के ओर से स्मार्ट स्पीकर के खाली रंगे नया ले आवल गइल बा। एह स्पीकर के फीचर्स में कवनो तरे के कवनो बदलाव नइखे कइल गइल बा, ई पहिले जइसही मिली।

होमपॉड मिनी के सबसे पहले नवंबर 2020 में लॉन्च कइल गइल रहे। होमपॉड मिनी के सब कलर ऑप्शन के कीमत के बात करी तs ई 9,999 रुपिया बा। नया मिडनाइट होमपॉड मिनी अभी ऑनलाइन ऑर्डर कइल जा सकत बा आ 17 जुलाई के Apple स्टोर्स में उपलब्ध होई।

Tags :
Advertisement