टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी में स्नातक कोर्स खातिर आवेदन सुरू: 29 जून तक कs सकत बा आवेदन, 1 जुलाई के जारी होई दूसरका मेधा सूची

10:49 AM Jun 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी में चार वर्षीय स्नातक खातिर खाली सीटन के भरे खातिर ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया फेर से सुरू कs दिहल गइल बा। सीबीसीएस पैटर्न पs आधारित एह स्नातक कोर्स खातिर पहिलहू ऑनलाइन आवेदन लिहल गइल रहे आ एकरा बाद मेधा सूची जारी कइल गइल बा।

Advertisement

बावजूद एकरा, बहुते सीट खाली रह गइल रहे।  विश्वविद्यालय फेर से ऑनलाइन आवेदन सुरू कइल गइल बा। 29 जून तक दोबारा से ऑनलाइन आवेदन लिहल जाई। नया ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया के अंतर्गत, एक जुलाई के दूसरका मेधा सूची जारी कइल जाई।

एकरा अलावे, पहिलका मेधा सूची में जवना छात्रन के ओकनी के पसंद के कॉलेज नइखे मिलल, ऊ फेर से आवेदन कs सकत बा लो। आवेदन करे खातिर 300 रुपिया के शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। छात्रन के सलाह दिहल गइल बा कि ऊ लोग समय पs आवेदन प्रक्रिया के पूरा करे लो।

ऑनलाइन आवेदन सुरू

छात्र कल्याण प्रभारी, प्रोफेसर हरिश्चंद्र जानकारी देलें कि विश्वविद्यालय के कुलपति के निरदेस पs आवेदन के तिथि में विस्तार कइल गइल बा। एसे छात्रन के एगो आउर मवका मिली। अपना पसंद के कॉलेज में दाखिला लेवे खातिर इच्छुक छात्र www.jpv.ac.in पs जाके ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा।

ऊ आगे कहलें की छात्रन आ ओह लोगन के अभिभावकन के सलाह दिहल जात बा कि ऊ समय रहते आवेदन प्रक्रिया पूरा कs लेवे लो ताकि कवनो तरे के असुविधा से बचल जा सके।

Tags :
Admission Begins For UGBhojpuri NewsChhapra NewsJayprakash UniversityJP UniversityOnline Admission Process
Advertisement
Next Article