टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: डीडीयू में 13 पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर दोबारा आवेदन सुरू

08:03 AM Aug 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में एमए उर्दू, संस्कृत, अर्थशास्त्र सहित 13 पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर दोबारा ऑनलाइन आवेदन सुरू कइल गइल बा। एमे सीट खाली रह गइल रही सs। जवना के बाद विश्वविद्यालय दोबारा पोर्टल खोले के फैसला लेलस। एकरा अलावे आउर पाठ्यक्रमन में दूसरका काउंसलिंग के बाद खाली रह गइल सीटन खातिर अंतिम चरण के प्रवेश प्रक्रिया सोमार से सुरू हो गइल।

Advertisement

अंतिम चरण के काउंसलिंग खातिर ऑनलाइन च्वाॅइस लॉक के प्रक्रिया 28 से सुरू होक 30 अगस्त तक चली। प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक प्रो. हर्ष सिन्हा बतवलें कि एमए उर्दू, दर्शनशास्त्र, परफॉर्मिग आर्ट, संस्कृत, अर्थशास्त्र, सांख्यिकी, रक्षा आ स्त्रात्जिक अध्ययन, एमएससी फूड टेक्नालाॅजी, एमएजेएमसी, एमए (योग) आ डिप्लोमा इन ज्योतिष, वास्तु एंड कर्मकांड, डिप्लोमा इन योग आउर डिप्लोमा इन डिजास्टर मैनेजमेंट में प्रवेश खातिर इच्छुक अभ्यर्थी प्रवेश पोर्टल www.dduguadmission.in पs ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। अंतिम तिथि 30 अगस्त बा।

एह अभ्यर्थियन के एगो आउर मवका

प्रो. हर्ष सिन्हा बतवलें कि एमएससी एक्वाकल्चर आ पर्यावरण विज्ञान में रिक्त सीटन पs प्रवेश खातिर एमएससी प्राणि विज्ञान के प्रवेश परीक्षा में सम्मिलित अभ्यर्थियन के, इंडस्ट्रीयल केमिस्ट्री के खाली सीटन पs प्रवेश खातिर एमएससी केमिस्ट्री के प्रवेश परीक्षा में सामिल अभ्यर्थियन के प्लांट बायोटेक्नालाॅजी आ बायो इन्फार्मेटिक्स के रिक्त सीटन पs प्रवेश खातिर एमएससी बायोटेक्नालाॅजी के प्रवेश परीक्षा में सम्मिलित अभ्यर्थियन के, इलेक्ट्राॅनिक्स के खाली सीटन खातिर फिजिक्स से आउर बीएससी होम साइंस में रिक्त सीटन खातिर बीएससी जीवविज्ञान आ बीएससी गणित के प्रवेश परीक्षा में सम्मिलित अभ्यर्थियन के नया आवेदन करे के अनुमति दिहल गइल बा। इच्छुक अभ्यर्थी विश्वविद्यालय के प्रवेश पोर्टल पs 30 अगस्त तक आपन आवेदन कs सकत बा लो ।

Tags :
Admission Opens For 13 ProgrammesBhojpuri NewsDduDeen Dayal Upadhyaya Gorakhpur Universitygorakhpur newsGorakhpur University
Advertisement
Next Article