टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Ara News: घर आ जमीन पऽ जबरन कब्जा करे के प्रयास, विरोध कइला पऽ दबंग घर में घुस के युवक के मरलें गोली

02:21 PM Jul 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Ara News भोजपुर जिला में भूमि विवाद के लेके घर में घुस के युवक के गोली मारे के मामला सामने आइल बा। युवक के सीना आ पीठ में गोली लागल बा। उपचार खातिर ओकरा के आरा के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। एह घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिसो अलर्ट हो गइल बिया। एह मामला के छानबीन शुरू कऽ चुकल बिया।

Advertisement

आरा। जख्मी युवक 36 वर्षीय विवेक कुमार तीयर थाना क्षेत्र के अंगरुआ गांव निवासी धनु राम के पुत्र हउअन। जख्मी युवक को गोली दहिना साइड सीना आ पीठ में लागल बा। एकरा के लेके घायल युवक वीरेंद्र प्रसाद समेत दु आदमी के विरुद्ध नामजद प्राथमिकी करवले बा। पुलिस मामला के छानबीन कर रहल बिया। अबही ले केहू के  गिरफ्तारी नइखे हो सकल।

घायल के इलाज खातिर आरा शहर के बाबू बाजार इस्थित सर्जन डॉक्टर विकास सिंह के निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सब आरोपित फरार बतावल जा रहलऽ बाड़े।

जीमन के लेके कोर्ट में चल रहल बा केस

घायल विवेक कुमार बतवले कि गांव में उनका लगे डेढ़ बीघा जमीन आ पुश्तैनी मकान बा। संबंधित जमीन आ मकान पs गांवे के एगो युवक के ओर से जबरन कब्जा करे के प्रयास कइल जाता।

एकरा के लेके करीब 35 बरिस से विवाद चल रहल बा। उऽ कोर्ट में केसो कइले बा। उक्त आरोपित व्यक्ति के ओर से केस वापस लेवे खातिर दबाव बनावल जा रहल बा। कोर्ट से नोटिस गइला के बाद भड़क गइल।

नोटिस मिलला के बाद आरोपित भड़कल 

दबंग मकान खाली करे के बोललस तऽ युवक विरोध कइलस। सोमार के देर रात दबंग घर में घुस के गोली मार देलस। जवना से उऽ गंभीर रूप से जख्मी हो गइले। एकरा बाद इलाज खातिर सदर अस्पताल लिआवल गइल। थानाध्यक्ष आशीष साह बतवलें कि वारदात के लेके नया कानून के तहत प्राथमिकी कऽ लिहल गइल बा। दुनु आरोपित फरार बाड़े।

Tags :
Apradh newsAra newsBhojpur newsBhojpuri NewsKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article