For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ara News: आरा में BJP विधायक के आवास के लगे ताबड़तोड़ फायरिंग, फेर रास्ता में युवक के मरले गोली

11:07 AM Aug 17, 2024 IST | Sonu Kishor
ara news  आरा में bjp विधायक के आवास के लगे ताबड़तोड़ फायरिंग  फेर रास्ता में युवक के मरले गोली
Advertisement

आरा : आरा में एक बार फिर अपराधी के मनोबल बढ़ गइल बा। मुफसील थाना क्षेत्र के धमार गांव में बधारा विधानसभा से भाजपा के वर्तमान विधायक के आवास के बहरी अपराधी गोलीबारी कइले। एकरा बाद भागे के कोशिश में रास्ता में खड़ा एगो युवक के गोली मार दिहल गइल। इलाका में दहशत के माहौल बा।

Advertisement

शुक के रात 10 बजे आरा के मुफसील थाना क्षेत्र के धमार गांव में बाइक सवार हथियारबंद बदमाश पूर्व मंत्री आ फिलहाल बदरा विधानसभा से भाजपा विधायक राघवेंद्र प्रताप सिंह के घर के नजदीक हवा में गोली चला देले, ओकरा बाद घुसत एगो युवक के गोली मार देले गली में आ भाग गइले।

घायल युवक 38 साल के अरविंद कुमार मुफसिल थाना क्षेत्र के धमार गांव निवासी वीर नारायण सिंह के बेटा हवे। घायल युवक के कमर के नजदीक गोली लाग गइल। इलाज खाती उनका के आरा शहर के बाबू बाजार में इस्थित निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मौका पs तीन गो गोली के खोखा मिलल बा।

घटना के अंजाम देला के बाद बाइक सवार बदमाश उहाँ से भाग गइले। एक बाइक पs बदमाश दु-तीन के संख्या में रहले। घटना के जानकारी मिलते मुफसिल थाना प्रमुख राजीव रंजन सिंह पुलिस बल के संगे आरा शहर के बाबू बाजार में इस्थित निजी अस्पताल पहुंचले आ घायल लोग से मिल के घटना के पूरा जानकारी लेले। इहाँ एसपी प्रमोद कुमार बतवले कि गिरफ्तारी करे खातिर टीम बनावल गइल बा।

पूजा से लौटत समय के घटना

इहाँ घायल अरविंद कुमार बतवले कि गांव के शिव काली मंदिर में शुक के पूजा चलेला शुक के रात उऽ काली मंदिर में शुक के पूजा देखे गइल रहले। जब उ घरे लवटत रहले तऽ स्प्लेंडर बाइक पs सवार दु हथियारबंद बदमाश उनका के गोली मार के फरार हो गइले।

एकरा बाद गांव के एगो सम्मानित व्यक्ति के दुआर प तीन राउंड फायरिंगो भइल। एकरा बाद दुनो उहाँ से भाग गइले। बाइक सवार हथियारबंद बदमाश घायल आदमी के गोली काहे मरले इ कारण साफ नइखे, हालांकि पुलिस अपना स्तर पs मामला के जांच करतिया।

 डाक्टर ऑपरेशन कऽ के गोली निकाल लिहले।

इलाज करेवाला सर्जन डॉ विकास सिंह बतवले कि गोली घायल आदमी के कमर के बीच में लागल रहे। गोली के ऑपरेशन के माध्यम से निकालल गइल बा आ गोली लागल हिस्सा के इलाज कऽ दिहल गइल बा। बाकिर फिलहाल उनका के निगरानी में राखल जाई।

Tags :
Advertisement