For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ara News: आरा से बिहटा तक चली मेट्रो, बीच में होई 14 गो स्टेशन

07:41 PM Sep 21, 2024 IST | Sonu Kishor
ara news  आरा से बिहटा तक चली मेट्रो  बीच में होई 14 गो स्टेशन
पटना मेट्रो
Advertisement

बिहार के आरा नगर निगम के मेयर इंदु देवी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चिट्ठी लिख के बिहटा से आरा में एलिवेटेड मेट्रो बढ़ावे के मांग कइली। पटना में मेट्रो ट्रेन चलावे के तइयारी हो रहल बा आ एकरा के आरा से जोड़े के योजना बा। आरा आ बिहटा के बीच 14 गो स्टेशन होखी आ मेट्रो रेल निगम के गठन होई।

Advertisement

बिहटा से आरा ले मेट्रो के विस्तार कइल जाई, एकरा खातिर आरा नगर निगम के मेयर इंदु देवी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चिट्ठी लिखले बाड़ी कि एलिवेटेड मेट्रो के बिहटा से आरा ले बढ़ावल जाव। राजधानी पटना में मेट्रो ट्रेन चलावे के तैयारी बहुत तेजी से भइल बा।

पटना-बिहटा हवाई अड्डा से पटना सिटी ले मेट्रो चलावे के प्रस्ताव तइयार हो रहल बा जवना के जल्दिए मंजूरी खातिर मंत्रिमंडल में भेजल जाई। अब एह मेट्रो के आरा तक जोड़े के मांग हो गइल बा।

Tags :
Advertisement