टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

प्रदेश के कला-संस्कृति संस्थानन में गोवि के कलाकारन के मिलल जगह

03:02 PM Sep 08, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

गोरखपुर : राज्य सरकार अपना कला संस्कृति विभाग के अधिकारी मंडल के पुनर्गठन कइले बिया। एह पुनर्गठन में सरकार गोरखपुर के कलाकारन पs खास ध्यान देले बिया। अलग अलग संस्था के टीम में अलग अलग विधा के चार गो कलाकारन के जगह दिहल गइल बा। गायक डॉ मिथिलेश तिवारी के बिरजू महाराज कथक संस्थान के उपाध्यक्ष बनावल गइल बा। रंगकर्मी आ फिल्म अभिनेता मनवेन्द्र त्रिपाठी के भारतेंदु नाट्य अकादमी के सदस्य बनावल गइल बा।चित्रकार डॉ. कुमुद सिंह के लोक आदिवासी संस्थान में सदस्य के रूप में जगह दिहल गइल बा। चित्रकार डॉ. संदीप कुमार श्रीवास्तव के राज्य ललित कला अकादमी के सदस्य बनावल गइल बा। सभे कलाकार अगिला तीन साल तक आपन पद पर रहीहें, जब तक कि राज्य सरकार ओह लोग के पद भा सदस्यता खतम करे के फैसला ना करी। डॉ. मिथिलेश तिवारी अपना संगीत कला के प्रदर्शन देश के विभिन्न जगहा पर ना विदेशो में कइले बाड़ी। देश के कई जगहा के अलावा रंगकर्मी मानवेंद्र रंगमंच खातिर अमेरिका, श्रीलंका, सूरीनाम, त्रिनिदाद, गुयाना, मारीशस आ फिजी के यात्रा कइले बाड़े।

Advertisement

कई गो देसन में उऽ लोग प्रशिक्षण कार्यशाला के आयोजन कइले बाड़े। अबहीं ले 20 गो नाटक के निर्देशन कइले बाड़न आ पाँच गो नाटक लिख चुकल बाड़न। डॉ. कुमुद सिंह अपना लोक चित्रकला खातिर जानल जालें। देश के मशहूर आर्ट गैलरी में उऽ आपन प्रतिभा के प्रदर्शन कइले बाड़े। चित्रकार डॉ. संदीप श्रीवास्तव धरोहर फोटो आ पेंटिंग के माध्यम से कला जगत में आपन प्रतिभा के छाप छोड़ले बाड़े। कला के माध्यम से धरोहर के संरक्षण के जिम्मेदारी उऽ उठा लेले बाड़े। ई सब कलाकार अपना नामांकन खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आभार जतवले बाड़न। इहो कहल लो कि हमनी के अपना पद पs खरा उतरे के हर संभव कोशिश करब।

Tags :
Gorkhpur newsgorkhpur news in bhojpurikhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsuttar pradesh government
Advertisement
Next Article