For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ayodhya Ram Mandir : अरविंद केजरीवाल और भगवंत मान आज सपरिवार करेंगे रामलला के दर्शन, सपा ने बनाई मंदिर से दूरी

10:30 AM Feb 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ayodhya ram mandir   अरविंद केजरीवाल और भगवंत मान आज सपरिवार करेंगे रामलला के दर्शन  सपा ने बनाई मंदिर से दूरी
Advertisement

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आ पंजाब के मुख्यमंत्री भगवंत मान सोमार के अयोध्या अइहें। दुनो मुख्यमंत्री दुपहरिया 12 बजे महर्षि वाल्मीकि अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पs चार्टर्ड प्लेन से पहुंचिहें। इनका संगे परिवार के सदस्यो रही लो। आम आदमी पार्टी के पूर्व प्रदेश अध्यक्ष सभाजीत सिंह बतवलें कि दुनो सीएम रामलला के दर्शन करिहें। एकरा बाद दिल्ली लवट जाई लो।

Advertisement

यूपी सरकार पहुंचल राम के द्वार

लखनऊ से 10 बसन से आइल यूपी सरकार के मंत्रियन, विधायकन आ विधान परिषद सदस्यन के संगे रालोद के पांच, कांग्रेस आ बसपा के एक-एक विधायक दुपहरिया 12:30 बजे राम जन्मभूमि परिसर में प्रवेश कइल लो। ठीक 20 मिनट बाद 12:50 बजे सीएम के काफिला पहुंच गइल। एकरा बाद सीएम के अगुवाई में सब केहू रामलला के दरबार में हाजिरी लगावल। एक-एक कs के सभे रामलला के सोझा अपना श्रद्धा अर्पित कइल। मुख्यमंत्री गर्भगृह के सोझा करीब 15 मिनट तक मंत्रियन के संगे बइठल रहे लो। रह-रहके रामलला के प्रणाम करत मंत्र पढ़ते रहे लो। मुख्यमंत्री श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय से मुलाकात कइलें आ राममंदिर परिसर के भ्रमण कs के निर्माण कार्यन के प्रगति देखलें। अपराह्न तीन बजे सब लखनऊ लवट गइल।

खाली सपा बनवलस दूरी

राममंदिर में दर्शन-पूजन के दौरान मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के कांग्रेस, बसपा आ रालोद के साथ मिलल। एह दलन के विधायक, प्रदेश सरकार के मंत्री आ एनडीए के विधायकन आ एमएलसी के संगे कुल 330 सदस्य अयोध्या पहुंचल लो। खाली समाजवादी पार्टी श्रीराम दर्शन यात्रा से दूरी बना के रखलस। एकर संकेत सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव पहिलही दे देले रहलें।

Tags :
Advertisement