For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Arvind Kejriwal Arrest : दिल्ली के CM अरविंद केजरीवाल गिरफ्तार, आज राते के सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई के मांग

09:48 PM Mar 21, 2024 IST | Sonu Kishor
arvind kejriwal arrest   दिल्ली के cm अरविंद केजरीवाल गिरफ्तार  आज राते के सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई के मांग
Advertisement

प्रवर्तन निदेशालय के टीम बियफे के साँझि खा मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के घरे पहुँचल। जांच एजेंसी दिल्ली के मुख्यमंत्री के घर पऽ अइसन समय में गइल बिया, जब आजे दिल्ली हाई कोर्ट केजरीवाल के गिरफ्तारी पऽ राहत देवे से इनकार कर देले रहें।

Advertisement

हाई कोर्ट से गिरफ्तारी पऽ रोक से इनकार के बाद देर शाम ईडी के टीम अरविंद केजरीवाल के घरही पहुँच गइल । बतावल जा रहल बा कि जांच एजेंसी दिल्ली के मुख्यमंत्री के घर के तलाशी ले रहल बिया। ओने शराब घोटाला के मामला में अरविंद केजरीवाल के लीगल टीम सुप्रीम कोर्ट पहुंच गइल।

साभार - दैनिक जागरण

Tags :
Advertisement