टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अरविंद केजरीवाल : गिरफ्तारी के खिलाफ हाईकोर्ट में पहुंचे वाला अरविंद केजरीवाल के मिलल जोरदार झटका, तुरंत सुनवाई से इनकार मिलल ।

09:16 PM Mar 23, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

याचिका में कहल गईल बा कि गिरफ्तारी आ रिमांड गैरकानूनी बा आ एहीसे केजरीवाल तुरंत रिहा होखे के हकदार बाड़े।  केजरीवाल मामला के तुरंत सूचीबद्ध करे के मांग कईले बाड़े।

Advertisement

 दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल कथित शराब नीति घोटाला के मामला से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामला में उनका गिरफ्तारी आ प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के ओर से 6 दिन के रिमांड प हाईकोर्ट में चुनौती देले बाड़े।  केजरीवाल के 21 मार्च के रात के करीब 9 बजे ईडी गिरफ्तार कईले रहे।  काल्हु निचला अदालत उनका के 28 मार्च ले ईडी हिरासत में भेज दिहले रहे । याचिका में कहल गईल बा कि गिरफ्तारी आ रिमांड गैरकानूनी बा आ एहीसे केजरीवाल तुरंत रिहा होखे के हकदार बाड़े।  केजरीवाल मामला के तुरंत सूचीबद्ध करे के मांग कईले रहले।  एकरा प कोर्ट उनका याचिका के तुरंत सूचीबद्ध करे आ सुनवाई करे से इनकार क देले बिया।

 

केंद्रीय जांच एजेंसी के गिरफ्तारी के बाद केजरीवाल के निचला अदालत में पेश कईल गईल, जवन कि दिल्ली हाईकोर्ट के डिवीजन पीठ के ओर से जबरन कार्रवाई से अंतरिम सुरक्षा देवे वाला आदेश देवे से इनकार कईला के कुछ घंटा बाद भईल।

 केजरीवाल अपना के ईडी के ओर से जारी 9 समन के अनदेखी कईले रहले।  आम आदमी पार्टी के नेता मनीष सिसोदिया अवुरी संजय सिंह भी ए मामला में आरोपी बाड़े आ फिलहाल न्यायिक हिरासत में बाड़े।

 

 गिरफ्तारी के बाद केजरीवाल तुरंत सुप्रीम कोर्ट में उनका गिरफ्तारी के चुनौती देत तत्काल याचिका दायर कईले।  हालांकि एकरा के वापस ले लिहल गईल।  एतने ना, उ एकरा से पहिले केंद्रीय जांच एजेंसी के ओर से उनका के दिहल समन के चुनौती देत दिल्ली हाईकोर्ट में पेश कईले रहले।  उ अंतरिम सुरक्षा के मांग के आवेदन भी देले बाड़े।

 एकरा से पहिले ईडी केजरीवाल के खिलाफ शहर के राउस एवेन्यू कोर्ट में दुगो आपराधिक शिकायत दर्ज करवले रहे, जवना में उनका प समन के पालन ना करे के आरोप लगावल गईल रहे।  केजरीवाल एह समन के गैरकानूनी बतावत अनदेखी कइले बाड़न ।

 ईडी के आरोप बा कि  कुछ निजी कंपनी के थोक व्यापार में 12 प्रतिशत मुनाफा देवे के साजिश के तहत लगावल गईल रहे, हालांकि मंत्री समूह (जीओएम) के बैठक के कार्यवृत्त में अइसन शर्त के जिक्र ना भईल रहे।

 केंद्रीय एजेंसी इहो दावा कइले बिया कि विजय नायर आ अउरी लोग साउथ ग्रुप का साथे मिल के थोक व्यापारियन के असाधारण मुनाफा देबे के साजिश रचले रहे। ईडी के मुताबिक नायर मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आ मनीष सिसोदिया के ओर से काम करत रहले।

Tags :
Arvind KejariwalArvind KejriwalBhojpuri breaking newsBhojpuri khabarbig breakingChief Minister Arvind KejriwalCM Arvind KejriwalDelhi high courtDelhi Highcourtkahbar bhojpuriKhabar Bhojpur News
Advertisement
Next Article