For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अरविंद केजरीवाल के ED भेजलस छठा समन, शराब घोटाला में 19 फरवरी के फेर से पूछताछ खातिर बोलावल गइल 

08:38 PM Feb 14, 2024 IST | Sonu Kishor
अरविंद केजरीवाल के ed भेजलस छठा समन  शराब घोटाला में 19 फरवरी के फेर से पूछताछ खातिर बोलावल गइल 
Advertisement

दिल्ली के कथित शराब घोटाला के मामला में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के ईडी फेर से समन भेजले बा। प्रवर्तन निदेशालय बुध के दिल्ली के मुख्यमंत्री के छठवां बेर समन भेजले बा। एकरा से पहिले बार-बार समन के नजर अंदाज करे पऽ दिल्ली हाई कोर्ट केजरीवाल के 17 फरवरी के हाजिर होखे खातिर समन जारी कइले बा।

Advertisement

प्रवर्तन निदेशालय (ED) आबकारी नीति से जुड़ल धनशोधन मामला में पूछताछ खातिर मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के छठा समन जारी कइले बा। आम आदमी पार्टी (आप) के राष्ट्रीय संयोजक केजरीवाल के 19 फरवरी के ईडी के सामने पेस होखे खातिर कहल गइल बा।

 17 फरवरी के कोर्ट में केजरीवाल के पेसी 

दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट ए मामला में भेजल समन के अवज्ञा करे खातिर ईडी के जड़िये दायर एगो शिकायत पऽ कारवाई करत पिछिलका सप्ताह केजरीवाल के 17 फरवरी के अपना समक्ष पेस होके खातिर कहले रहें। अदालत कहले रहे कि केजरीवाल प्रथमदृष्टया एकर अनुपालन करे खातिर कानूनी रूप से बाध्य बाड़न।

ए मामला में ईडी के जड़िये भारतीय राजस्व सेवा (आईआरएस) के पूर्व अधिकारी के भेजल गइल ई छठा समन हऽ। एकरा से पहिले उनका के ए साल के दू फरवरी, तीन जनवरी 18 जनवरी आ 2023 में दो नवंबर आ 21 दिसंबर के बोलावा गइल रहें। मुख्यमंत्री हमेशा ए नोटिसन के अवैध बतवले बाड़े आ हाजिर नइखन भइल। उऽ ए समन के राजनीति से प्रेरित बतवले बाड़े। केजरीवाल ईडी के कारवाई के पीछे के मकसदो पऽ सवाल उठवले रहेले।

ईडी केजरीवाल पऽ लगवले बा ई आरोप

बता दी कि आबकारी घोटाला मामले में ईडी के जड़िये दायर आरोप पत्र में केजरीवाल के नाम के कई बार उल्लेख कइल गइल बा। एजेंसी कहले बा कि आरोपी अब खत्म हो चुकल दिल्ली आबकारी नीति 2021-22 के तइयारी के संबंध में उनका संपर्क रहें। ईडी आपन चार्जशीट में दावा कइले रहें कि आप अपना गोवा चुनाव अभियान में लगभग 45 करोड़ रूपिया के अपराध के आय के इस्तेमाल कइले रहें।

ओने आम आदमी पार्टी आबकारी घोटाला के फर्जी करार देत रहल बिया। आप के आरोप बा कि ए मामले में पूर्व उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया आ आप से राज्यसभा सदस्य संजय सिंह के फर्जी तरीका से जेल में डालल गइल बा।

Tags :
Advertisement