टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जेल में केजरीवाल के सेहत बिगड़ल, गिरफ्तारी के 14 दिन के भीतर घट गइल 4.5 किलो वजन, आतिशी कहले- कुछु हो गइल तs... 

11:55 AM Apr 03, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के तिहाड़ जेल में बंद करावे के लेके बड़ खबर सामने आईल बा। दिल्ली सरकार के मंत्री आतिशी अपना एक्स हैंडल पs पोस्ट कईले बाड़े कि गिरफ्तारी के बाद से केजरीवाल के वजन में 4.5 किलो के कमी आईल बा।

आतिशी का कहले?

आतिशी एक्स पs पोस्ट कईले अवुरी लिखले कि, 'अरविंद केजरीवाल गंभीर डायबिटीज के रोगी हवे।' स्वास्थ्य समस्या के बावजूद उs 24 घंटा देश के सेवा में लागल रहले। गिरफ्तारी के बाद से अरविंद केजरीवाल के वजन में 4.5 किलो के कमी आईल बा। ई बात बहुते चिंता के विषय बा। आज भाजपा उनुका के जेल में डाल के उनुका सेहत के खतरा में डाल रहल बिया। अगर अरविंद केजरीवाल के कुछ हो गइल तs पूरा देश के तs बाते छोड़ दीं भगवानो माफ ना करीहें।

आम आदमी पार्टी के सूत्र इs बतवले

आम आदमी पार्टी के सूत्र बतावत बाड़े कि तिहाड़ जेल में केजरीवाल के वजन तेजी से गिर रहल बा। गिरफ्तारी के बाद से उनुकर वजन साढ़े चार किलो कम हो गईल बा। तेजी से घटत वजन पs डॉक्टर चिंता जतवले बाड़े।

तिहाड़ के सूत्र इs बात बतवले

तिहाड़ सूत्र के मुताबिक अरविंद केजरीवाल बिल्कुल स्वस्थ बाड़े। तिहाड़ के डॉक्टर उनुका स्वास्थ्य के लेके कवनो चिंता नईखन जतवले। उs आपन रोजमर्रा के काम करत बाड़े अवुरी खाना भी खा रहल बाड़े।

 

 

Tags :
Aam Aadmi partyAtishiKejriwalKejriwal's health deteriorated in jailpoliticsPolitics newsTihar Jailआतिशीआम आदमी पार्टीकेजरीवालजेल में केजरीवाल के सेहत बिगड़लतिहाड़ जेलराजनीतिराजनीति न्यूज़
Advertisement
Next Article