टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मुख्यमंत्री नीतीश के जातही मछली लूटे के मचल होड़

09:36 AM Sep 21, 2024 IST | Sonu Kishor
मुख्यमंत्री नीतीश के जातही मछली लूटे के मचल होड़
Advertisement

बिहार के सहरसा में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कार्यक्रम से निकलते आयोजन स्थल प भीड़ में जुटल बच्चा आ युवक प्रदर्शनी खाती लगावल बायोफ्लोक (मछली पालन) टंकी में राखल मछरी के पानी के निकाल के लूटे पाट मचा देले। एह घटना के वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा।

Advertisement

मैदान में मौजूद अधिकारी आ जवान के चलते एह लोग पs नियंत्रण राखल गइल। शुक के मुख्यमंत्री प्राचीन माँ विषहरा भगवती मंदिर के उद्घाटन करे कहरा इलाका में आइल रहले। मुख्यमंत्री के कार्यक्रम अमरपुर हाई स्कूल के मैदान में आयोजित भइल। मैदान में कई तरह के स्टॉल लगावल गइल।

मत्स्य विभाग खुद मैदान में बायोफ्लोक मछली पालन प्रणाली लगवले रहे। मुख्यमंत्री एकरा में छोट-छोट मछरियो डलले। सभ स्टॉल के निरीक्षण कइला के बाद मुख्यमंत्री हेलीकाप्टर से निकल गइले।

टैंक से पानी बहा के मछरी लूट शुरू कऽ देले

जइसही वरिष्ठ अधिकारी मैदान से निकलले, देखे के बहाने पास के स्कूल के बच्चा के संगे अउरी युवक आयोजन स्थल पs पहुंचले। इहाँ के मछरी देख के उऽ लोग बायोफ्लोक मछरी पालन प्रणाली के चारो ओर से घेर लेले। टैंक से पानी बहा के के मछरी लूटे लगले।

 

Tags :
Bihar CM Nitish Kumarbihar newsbihar politicskhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article