For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

कपाट खुलते Yamunotri Dham में भक्‍तन के भारी भीड़, नौ हजार यात्री 24 घंटा ले जाम में फंसले; पुलिस कहलस- ' जे जहाँ बा ओहिजा रुक जाए'

10:21 AM May 12, 2024 IST | Sonu Kishor
कपाट खुलते yamunotri dham में भक्‍तन के भारी भीड़  नौ हजार यात्री 24 घंटा ले जाम में फंसले  पुलिस कहलस    जे जहाँ बा ओहिजा रुक जाए
Advertisement

Yamunotri Dham यमुनोत्री धाम के यात्रा पs आइल 9000 से बेसी तीर्थ यात्रियन के करीब 24 घंटा ले जाम में फंसल रहे के पड़ल। पुलिस ऐतवार के यमुनोत्री आवे वाला तीर्थ यात्रियन से यात्रा के स्थगित राखे के अपील कइले बिया। तीर्थ यात्रियन के अलग - अलग पड़ावे पs रोकल जा रहल बा। यमुनोत्री धाम में बेल्कुल कैपेसिटी नइखे।

Advertisement

Yamunotri Dham: यमुनोत्री धाम के यात्रा पs आइल 9000 से बेसी तीर्थ यात्रियन के करीब 24 घंटा ले जाम में फंसल रहे के पड़ल। तीर्थ यात्री लो 24 घंटा से बड़कोट आ जानकी चट्टी के बीच फंसल रहले। पुलिस अधीक्षक आ जिलाधिकारी खुद मौका पs जाके कवनो तरे से जाम के खोलवा देलस।

यात्रा के स्थगित राखे के अपील

पुलिस  ऐतवार के यमुनोत्री आवे वाला  तीर्थ यात्रियन से यात्रा के स्थगित राखे के अपील कइले बिया। कहले बिया  तीर्थ यात्री जे जहाँ बा ओहिजा रुक जाए। तीर्थ यात्रियन से हरिद्वार ऋषिकेश, विकासनगर, डामटा बड़कोट आ उत्तरकाशीये में रुके खातिर कहल गइल बा। तीर्थ यात्रियन के अलग - अलग पड़ाव पs रोकल जा रहल बा। जवना से यमुनोत्री धाम में जाम के समस्या ना उत्पन्न होखे।

पुलिस रात भर ड्यूटी कऽ के जाम के कइलस क्लियर

पुलिस अधीक्षक अर्पण यदुवंशी ने कहले कि सनिचर के जवन जाम के इस्थिति बनल रहे, पुलिस रात भर ड्यूटी कऽ के जाम के क्लियर कर देले बिया, अबही ट्रैफिक सामान्य बा। यातायात अब व्यवस्थित ढंग से चल रहल बा।

धाम में तनीयो सा कैपेसिटी नइखे

आज ऐतवार के 9000 के संख्या में तीर्थ यात्री जानकी चट्टी यमुनोत्री पहुंच चुकल बाड़े। एहिसे तीर्थ यात्रियन से हाथ जोड़कर विनती बा कि जवन तीर्थ यात्री हरिद्वार, ऋषिकेश, उत्तरकाशी बा आउर कवनो पड़ाव पs बाड़े हैं। उऽ तीर्थ यात्री आज आपन यमुनोत्री के तीर्थ यात्रा के स्थगित राखस। यमुनोत्री धाम में तनियो सा कैपेसिटी नइखे बांचल।

Tags :
Advertisement