टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Ashutosh Sharma 10 साल के उम्र में छोड़ले रहले घर, झेलले मुश्किल; अब 20 लाख के खिलाड़ी जीत रहल बा फैंस के दिल

08:50 AM Apr 19, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Ipl 2024: आशुतोष शर्मा (Ashutosh Sharma) मध्यप्रदेश के छोट शहर रतलाम में जन्म भइल आ इंदौर में उऽ पढ़ाई-लिखाई कइले। आशुतोष लाइमलाइट में साल 2023 सैयद मुश्ताक अली ट्रॉफी के जरिए अइलें। ग्रुप स्टेज मैच में अरुणाचल प्रदेश के खिलाफ आशुतोष 11 गेंद पऽ हाफ सेंचुरी जड़ले जवन टी20 में भारतीय बैटर द्वारा सबसे तेज फिफ्टी रहल। मुंबई के खिलाफ आईपीएल में आपन पहिला हाफ सेंचुरी जड़ले।

Advertisement

बॉलीवुड फिल्म संजू के 'कर हर मैदान फतेह ओ बंदेया' आशुतोष शर्मा (Ashutosh Sharma) पऽ सटीक बइठऽता। आईपीएल में स्टार बल्लेबाज बनला से पहिले आशुतोष शर्मा के जीवन में बहुत उतार चढ़ाव आइल। बचपन से लेके आ रेलवे में जॉब मिलला से पहिले आशुतोष के जीवन कठिनाई से भरल रहल बा। उऽ अन्हरिया के गहराइ से निकल के आशुतोष अपना मेहनत के रोशनी से आपन जीवन रौशन कइले। आईपीएल में आपन पहिला फिफ्टी जड़ के फैंस के दिल जीत लेले।

आशुतोष शर्मा मध्‍य प्रदेश के शहर रतलाम से संबंध रखले। उऽ मात्र आठ साल के उम्र में इंदौर आ गइल रहले। इहाँ उनकर जीवन कठिनाइ से भरल रहे। 10 साल के उम्र से उऽ खुद से खाना बनावत रहलें, खुद कपड़ा धोवत रहले। कई बार आशुतोष के लगे पइसा ना रहत रहें तऽ उनका अंपायरिंग कर के पइसा कमाए के पड़त रहे, जवना से कम से कम से एक समय के खाना के जुगाड़ हो जात रहे, बाकिर किस्‍मत तब पल्‍टल जब MPCA एकेडमी में पूर्व भारतीय क्रिकेटर अमय खुरसिया के साथ मिलल।

रेलवेज जतवले  रहे भरोसा

आशुतोष शर्मा के संघर्ष अबही खत्‍म नइखे भइल। 2018 में आशुतोष सैयद मुश्‍ताक अली ट्रॉफी में मध्‍य प्रदेश खातिर डेब्‍यू कइले। अगिला सीजन एमपी के खातिर अपना आखिरी टी20 मैच में उऽ 84 रन बनवले। 2020 में अंडर-23 में दू शतक लगवले। एकरा बावजूद उनका कई बेर टीम में अंदर-बाहर कइल गइल। उऽ रेलवेज में जाए के सोचले। रेलवेज में कोच आ चयनकर्ता लो आशुतोष पऽ आपन पूरा भरोसा जतवलस आ उनकर काफी मदद कइलस।

Tags :
0Cricket NewscricketiplIPL 2024Ipl bhojpuri
Advertisement
Next Article