टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

खगोलीय घटना : भारत में 18 साल बाद दिखल शनि चंद्र ग्रहण, दिल्ली-कोलकाता से सामने आइल अद्भुत तस्वीर

10:01 AM Jul 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारत के कइयन हिस्सन में बुध-बियफे के मध्यरात्रि शनि के चंद्र ग्रहण दिखाई देलस। ई अद्भुत नजारा 18 साल बाद देखल गइल। शनि चंद्र ग्रहण के अद्भुत तस्वीर दिल्ली आ पश्चिम बंगाल से सामने आइल बा। एह खगोलीय घटना के वैज्ञानिक लूनर ऑकल्टेशन ऑफ सैटर्न कहल गइल बा। एकरा पहिले मार्च में चंद्र ग्रहण देखल गइल बा।

Advertisement

शनि चंद्र ग्रहण 24 जुलाई के मध्यरात्रि 1:30 बजे से सुरू भइल। एकरा 45 मिनट बाद 1:45 बजे तक चंद्रमा शनि ग्रह के पूरा तरे ढक लेलस। फेर 45 मिनट बाद माने 2:25 बजे शनि ग्रह चंद्रमा के पीछे से निकलत नजर आइल सुरू भइल।

वैज्ञानिकन के अनुसार, शनि के चंद्र ग्रहण तब होला, जब चांद अपना ओट में शनि के छिपा लेला। शनि के चंद्रमा के पीछे छिपल गइला से चंद्रमा के किनारे से शनि के छल्ला में नजर आवेला। आमतौर पs चंद्र ग्रहण सूर्य ग्रहण के बाद लागेला, बाकिर अइसन दुर्लभ खगोलीय घटना के दृश्य कइयन साल के बाद देखे के मिलेला।

श्रीलंका, चीन आ म्यांमार में लउकल

भारत के अलावा पड़ोसी देस श्रीलंका, म्यांमार आ चीन में शनि चंद्र ग्रहण देखल गइल। एह देसन में एकरा के देखे के समय भारत से अलग रहल। शनि चंद्र ग्रहण होखला के वजह ई बा कि जब अपना गति से चल रहल दुनो ग्रह रास्ता बदलत बा तs शनि चंद्रमा के पीछे से उगत दिखत बा। एमे सबसे पहले शनि के छल्ला नजर आवेला।

Tags :
Astronomical EventsBhojpuri NewsindiaMayanmarSaturn EclipseSaturn Eclipse After 18 Yearssrilanka
Advertisement
Next Article