टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

इजराइल पs रॉकेट से हमला, कइगो लइका सहित 11 के मउत; नेतन्याहू हिजबुल्ला के दिहलस चेतावनी

08:12 AM Jul 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

इजरायल के नियंत्रण वाला गोलन हाइट्स पs शनिचर के दिने अचानक रॉकेट से हमला हो गइल. रॉकेट हमला तब भईल जब बच्चा एक जगह जुट के फुटबाल खेलत रहले। एह रॉकेट हमला में कम से कम 11 लोग के मउत हो गइल जवना में बहुते बच्चा शामिल बाड़े. हमला के बाद अवुरी बहुत लोग के भी घाही होखे के बात कहल जाता। बता दीं कि ई रॉकेट हमला दक्षिणी लेबनान पs इजराइली हवाई हमला में हिजबुल्ला समूह के तीन गो सदस्यन के मउत के कुछ घंटा बाद भइल बा.

अमेरिका से लवटत नेतन्याहू

पिछला साल अक्टूबर में इजरायल आ हिजबुल्ला समूह के बीच लड़ाई शुरू भइला के बाद से इजरायली इलाका पs ई हमला सबले जानलेवा हमला बा जवना से एह इलाका में व्यापक टकराव के आशंका बढ़ गइल बा. इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू के कार्यालय के कहना बा कि ऊ जल्द से जल्द अमेरिका से अपना घरे लवटत बाड़न. एकरा से पहिले शनिचर के दिने दक्षिणी लेबनान पs इजरायली हवाई हमला में हिजबुल्ला के तीन गो सदस्य मारल गइले.

इजरायल के प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू चेतवलस कि हिजबुल्ला के एह हमला के भारी कीमत चुकावे के पड़ी जवना के ऊ अबहीं ले नइखे चुकवले. उनुकर कार्यालय शनिचर के दिने इजरायल के नियंत्रण में गोलन हाइट्स में फुटबाल मैदान पs भइल रॉकेट हमला में नाहियो तs 11 लोग के मउत हो गइल. हालांकि इजरायल एह हमला खातिर हिजबुल्ला के जिम्मेदार ठहरावत बा बाकिर हिजबुल्ला कवनो भूमिका से इनकार कइले बा.

 

 

 

Tags :
crimeCrime NewsIsraelIsrael Newsrocket attack on israel
Advertisement
Next Article