टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

फिलहाल शेख हसीना कुछ समय से भारत में बाड़ी... संसद में विदेश मंत्री जयशंकर कहले

03:54 PM Aug 06, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बांग्लादेश के ताजा हालात पर विदेश मंत्री एस जयशंकर राज्यसभा में बयान दिहले बाड़न। एह बयान में ऊ बतवले कि कवना हालात में पूर्व पीएम के भारत ले आवल गइल बा आ फिलहाल ओहिजा के हालत कइसन बा।

Advertisement

विदेश मंत्री एस जयशंकर मंगल के दिने राज्यसभा में बांग्लादेश के ताजा हालात पर आपन बयान दिहलन। ऊ कहले कि पूर्व प्रधानमंत्री शेख हसीना हमनी के भारत आवे के तत्काल निहोरा कइली आ भारत सरकार उनका के सुरक्षित भारत पहुंचे के इंतजाम कइलस। भारत सरकार बांग्लादेश में अपना नागरिकन से संपर्क में बिया। वर्तमान में लगभग 90 हजार भारतीय उहाँ मौजूद बाड़े।

ऊ कहले कि ढाका के भारतीय उच्चायुक्त आ चटगांव के सहायक उच्चायुक्त लगातार हमनी के रिपोर्ट भेजत बाड़े। हमनी के बांग्लादेश में अल्पसंख्यक समुदाय के सुरक्षा के चिंता बा। पिछला 24 घंटा के दौरान उहाँ बहुत कुछ बदल गइल बा। ई बहुत संवेदनशील मुद्दा बा। हम एह मुद्दा पर सदन से सहयोग चाहत बानी।

ऊ कहले कि बांग्लादेश हमनी के बहुत करीबी बा। जनवरी से उहाँ तनाव बा। बांग्लादेश में जून-जुलाई में हिंसा भइल रहे। हमनी के ओहिजा के राजनीतिक दल से संपर्क में रहनी जा। सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद बांग्लादेश में हालात बदल गइल आ हालात अइसन बदल गइल कि शेख हसीना के इस्तीफा देबे के पड़ल। हालात 4 अगस्त के सबसे जादे खराब हो गइल ।

जयशंकर कहले कि उहाँ के अल्पसंख्यक पs हमला सबसे जादे चिंता के विषय बा। शेख हसीना फिलहाल भारत में बाड़ी। हमनी के भारतीय समुदाय के संपर्क में बानी जा। कई गो विद्यार्थी लवट आइल बाड़े। हमनी के हाई कमीशन सक्रिय बा। हमनी के उम्मीद बा कि उहाँ के सरकार हमनी के नागरिक के सुरक्षा दिही।

Tags :
bangladeshBhojpuri khabarkhabar bhojpuri news specialkhabarBhojpuriOfficialPM Shekh Hasina
Advertisement
Next Article