टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बांग्लादेश में हिन्दू लोग पर अत्याचार, आवाज अमेरिका तक पहुंचे लागल, लोग संयुक्त राष्ट्र कार्यालय के घेराबंदी

02:24 PM Aug 10, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन पर होखत अत्याचार देख के लोग अमेरिका के न्यूयार्क में संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय के बहरी जमा हो गइल आ बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन के सुरक्षा के माँग कइलस वाशिंगटन के एगो गैर सरकारी संगठन संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय के लगे ओह लोग के विरोध के समर्थन करे आइल लोग के धन्यवाद दिहलस।

Advertisement

बांग्लादेश में शेख हसीना एह हफ्ता सोमार के दिने प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहलन। शुक के दिने ओहिजा एगो नया अंतरिम सरकार भी बनल। बाकि, ए दौरान सोशल मीडिया पs परेशान करेवाला तस्वीर आ वीडियो बहुत वायरल होखता। देखल जा रहल बा कि कइसे हिन्दू लोग के हत्या हो रहल बा, घर-मंदिर में आग लगा दिहल जा रहल बा आ औरतन के अपहरण भा पीट-पीट कइसे हो रहल बा।

बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन पर होखत अत्याचार देख के लोग अमेरिका के न्यूयार्क में संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय के बहरी जमा हो गइल आ बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन के सुरक्षा के माँग कइलस वाशिंगटन के एगो गैर सरकारी संगठन संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय का लगे ओह लोग के विरोध के समर्थन करे आइल लोग के धन्यवाद दिहलस। कहलन कि बांग्लादेश में हिन्दू लोग के निशाना बना के भइल हिंसक हमला के खिलाफ बोले वाला अमेरिकी नेता लोग के हमनी का तारीफ करत बानी सs।

कांग्रेसी हिंसा तुरंत रोके के मांग कइले

रिपब्लिकन कांग्रेसी पैट फैलन बांग्लादेश के हिन्दू के समर्थन में आवाज उठवले बाड़न। ऊ सोशल मीडिया पs लिखले कि, 'हम बांग्लादेश में चलत राजनीतिक हिंसा आ धार्मिक उत्पीड़न के कड़ा निंदा करतानी।' हम अंतरिम सरकार से निहोरा करतानी कि ऊ बांग्लादेशी जनता के साझा हित में काम करे अउरी ए हिंसा के तुरंत खतम कs देवे।' एह हिंसा के काम के भड़कावे वाला आ भाग लेबे वालन के जवाबदेही देबे के पड़ी।

भारतीय मूल के अमेरिकी सांसद कृष्णमूर्ति भावनात्मक अपील कइलन

भारतीय मूल के अमेरिकी अमेरिकी कांग्रेस के सदस्य राजा कृष्णमूर्ति गुरुवार के मदद के गोहार लगवले। ऊ अमेरिकी विदेश सचिव एंटनी ब्लिंकन के एगो चिट्ठी लिखले। ऊ हिन्दू के खिलाफ हिंसा खतम करे के मांग कइले। कृष्णमूर्ति ब्लिंकन से निहोरा कइलन कि ऊ 8 अगस्त के बांग्लादेश के अंतरिम सरकार प्रमुख मुहम्मद यूनुस से बात करसु आ हिंसा खतम करे में मदद करस। संगही अपराधी के सजा देवे के मांग कइल गइल।

Tags :
attack on HindubangladeshBangladesh NewsBangladesh protestBhojpuri khabarCongresskhabar bhojpuri news specialkhabarBhojpuriOfficialUN
Advertisement
Next Article