टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

AUS vs IND: ऑस्‍ट्रेलिया के खिलाफ पहिलका टेस्‍ट में फेल भइल भारतीय टीम, शिकस्‍त के कइलस सामना

10:51 AM Apr 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारतीय पुरुष हॉकी टीम से उम्मीद रहे कि ऊ ऑस्‍ट्रेलिया के मजबूत टीम के कड़ा चुनौती दी, बाकिर सनीचर के इहां पांच टेस्ट मैचन के सीरीज के पहिलके मैच में टीम के 1-5 से करारी हार के सामना करे के पड़ल। ऑस्‍ट्रेलिया के टीम खेल सुरू होखे से लेके आखिर तक दबदबा बना के रखलस।

Advertisement

भारतीय टीम अंतिम क्वार्टर में कुछ अच्छा प्रदर्शन कइलस, बाकिर तब तक बहुत देर हो चुकल रहे। ऑस्‍ट्रेलिया के ओर से टाम विकम (20वां, 38वां मिनट) दु गोल दागल लो, जबकि टिम ब्रांड (तीसरका), जोएल रिंटाला (37वां) आ फ्लिन ओगिलवी (57वां) एक-एक गोल कइल लो।

भारत खातिर एकमात्र गोल गुरजंत सिंह 47वां मिनट में कइलें। ऑस्‍ट्रेलिया के टीम खेल सुरू होखतही आपन इरादा जता देले रहे आ ऊ तीसरके मिनट में पहिला गोल कs देलस। ब्रांड के लमहर पास मिलल आ ऊ भारत के अनुभवी गोलकीपर पीआर श्रीजेश के छकाके गोल दाग देलें। ऑस्‍ट्रेलिया ओकरा बादो भारतीय रक्षा पंक्ति के दबाव में रखलस। ऊ आठवां मिनट में पहिला पेनल्टी कार्नर हासिल कइलस, बाकिर अबकी बेर श्रीजेश अच्छा बचाव कइलें।

ऑस्‍ट्रेलिया के एकरा एक मिनट बाद दूसरका पेनल्टी कार्नर मिलल, बाकिर अबकियो बेर श्रीजेश रिंटाला के शॉट के रोक देलें। भारतीय रक्षा पंक्ति के गलती के कारण ऑस्‍ट्रेलिया दूसरका क्वार्टर के पांचवां मिनट में आपन बढ़त 2-0 कs देलस आ मध्यांतर तक एकरा के बरकरार रखलस। ऑस्‍ट्रेलिया दूसरको हाफ में आपन आक्रामक रवैया जारी रखलस।

तीसरका क्वार्टर के सातवां मिनट में रिंटाला काइ विलोट के रिवर्स हिट के डिफलेक्ट कs के गोल कइलें। एकरा तुरंत बाद विकम दायां कार्नर से करारा शॉट लगाके आपन दूसरका आ ऑस्‍ट्रेलिया के ओर से चउथा गोल कइलें। चार गोल से पिछड़ला के बाद भारतीय खिलाड़ी कुछ तत्परता देखावल लो, बाकिर ऊ मवका बनावे में नाकाम रहल।

तीसरका क्वार्टर में भारत दु बेर गोल करे के इस्थिति में पहुंचल रहे, बाकिर ऑस्‍ट्रेलिया के गोलकीपर एंड्रयू चार्टर आसानी से एह प्रयासन के विफल कs देलें। ऑस्‍ट्रेलिया चउथा क्वार्टर के सुरू में पेनल्टी कार्नर हासिल कइलस, बाकिर ऊ एकर लाभ ना उठा सकल। भारत एकरा तुरंत बाद जवाबी हमला कइलस आ मोहम्मद रहील के पास पs गुरजंत गोल करे में सफल रहलें।

एकरा बाद भारत कुछ अच्छा मूव बनवलस, बाकिर ऊ ऑस्‍ट्रेलिया के रक्षा पंक्ति में सेंध ना लगा सकल। ऑस्‍ट्रेलिया खेल समाप्त होखे से तीन मिनट पहिले पेनल्टी कार्नर हासिल कइलस, जवना के ओगिलवी गोल में बदललें। एह दुनो टीम के बीच अतवार के दूसरका टेस्ट मैच खेलल जाई।

Tags :
Aus Vs INDAustraliaBhojpuri Newsfield hockeyhockeyindiaindian hockeysports news
Advertisement
Next Article