IND vs AUS: गाबा टेस्ट खातिर ऑस्ट्रेलियाई प्लेइंग-11 घोषित, रोहित-विराट के परेसान कs चुकल एह गेंदबाज के वापसी
भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच सनीचर से पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के तीसरका मुकाबला खेलल जाये के बा। ई मैच ब्रिस्बेन के गाबा में खेलल जाई। एकरा खातिर ऑस्ट्रेलिया प्लेइंग-11 के घोषणा कs देले रहे। तीसरला मुकाबला खातिर जोश हेजलवुड के टीम में वापसी भइल बा। ऊ चोट के वजह से एडिलेड में खेलल गइल दूसरका टेस्ट में ना खेलल रहस। हेजलवुड अपना सटीक लाइन लेंथ खातिर जानल जाले आ ऊ भारत के दिग्गज बल्लेबाज रोहित शर्मा आ विराट कोहली के खूब परेसान करेलें। हेजलवुड के वापसी से स्कॉट बोलैंड के प्लेइंग-11 से बाहर कs दिहल गइल बा। बोलैंड के एडिलेड डे नाइट टेस्ट में हेजलवुड के जगह सामिल कइल गइल रहे। ई टीम में एकमात्र बदलाव रहल।
कप्तान कमिंस का कहलें?
कप्तान पैट कमिंस कहलें, 'ई मुश्किल बा, बोलैंड एडिलेड में सानदार प्रदर्शन कइले रहस। दुर्भाग्य से ऊ पिछला 18 महीनन में बेंच पs बहुत समय बितवले बाड़ें। बाकिर जब ऊ खेलेले, ऊ सानदार रहल बाड़ें। हमरा आश्चर्य होगा जदि उनका एगो आउर मैच खेले के नइखे मिलत। हमनी के उनका से कहनी सs कि ऊ एमसीजी में चउथा टेस्ट खातिर तइयारी कs सकत बाड़ें काहेकि अच्छा संभावना बा कि हमनी के उनकर जरूरत पड़ी। इतिहास बतावत बा कि एह टेस्ट सीरीज में कवनो अलग टैलेंट के जरूरत पड़ल बा। एगो अच्छा बात बा ई बा कि ऊ सीरीज में एगो टेस्ट खेल लेले बाड़ें आ उनका मैच प्रैक्टिस मिल चुकल बा। ऊ आखिरी दु टेस्ट के तइयारी में जुट सकत बाड़ें।
तीसरे टेस्ट खातिर ऑस्ट्रेलिया के प्लेइंग-11
उस्मान ख्वाजा, नाथन मैकस्वीनी, मार्नस लाबुशेन, स्टीव स्मिथ, ट्रेविस हेड, मिचेल मार्श, एलेक्स कैरी (विकेटकीपर), पैट कमिंस (कप्तान), मिचेल स्टार्क, नाथन लियोन, जोश हेजलवुड।
गाबा के पिच क्यूरेटर का कहलें?
‘क्रिकेट.कॉम.एयू’ सनीचर से सुरू होखे वाला तीसरका टेस्ट से पहिले गाबा के क्यूरेटर डेविड सैंडर्सकी के हवाले से कहलें 'साल के अलग-अलग समय निश्चित रूप से एकरा के अलग बनावेला, ई तनिका अलग पिच हो सकत बाड़ी सs।' ऊ कहलें, 'सत्र के आखिर में पिच में तनी जादे टूट-फूट हो सकत बा। सत्र के सुरुआत में पिच आमतौर पs तनी नया होली सs आ ओमे तनिका जादे गति आ उछाल होला।' सैंडर्सकी कहलें, 'आम तौर पs हमनी के अभियो पिच के हर बेर ठीक ओहि तरे से तइयार करेनी सs ताकि हमनी के ऊ अच्छा गति आ उछाल प्राप्त कs सकेम सs। जवना खातिर लिए गाबा के जानल जाला। हमनी के बस हर साल के तरे गाबा के पारंपरिक विकेट बनावे के कोसिस कs रहल बानी सs।'
गेंदबाजन के मिली मदद
एडिलेड में गुलाबी गेना से खेलल गइल दूसरका टेस्ट में ऑस्ट्रेलिया के आसान जीत के बाद पांच मैच के सीरीज 1-1 से बराबर बा। पिछलका महीना घरेलू गुलाबी गेना के मैच के पहिले दिन गाबा में 15 विकेट गिरल रहे आ क्यूरेट कहलें कि सतह ओइसने होई। सैंडर्सकी कहलें। 'हमनी के लक्ष्य ओहि तरे के विकेट बनावल बा जहां बल्ला आ गेना के बीच अच्छा संतुलन रहे। उम्मेद बा कि एमे सभे खातिर कुछ ना कुछ होखे।' भारतीय क्रिकेट बोर्ड (बीसीसीआई) बुध के भारतीय खिलाड़ियन के एडीलेड से ब्रिसबेन पहुंचे के वीडियो पोस्ट कइलें। भारत पर्थ में पहिला टेस्ट 295 रन से जीतले रहे बाकिर एडीलेड में गुलाबी गेना के मैच में ओकरा हार के सामना करे के पड़ल।
इहो पढ़ीं: Share Market : शेयर बाजार लगवलस गोता; सेंसेक्स 1000 अंक गिरल, निफ्टियो फिसलल