टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोपालगंज: अनियंत्रित होके ऑटो पलटल : दुगो पुलिसकर्मी घायल, हत्या के प्रयास के ममिला में गिरफ्तार अभियुक्त के कोर्ट लेके जात घरी भइल हादसा

08:29 AM Mar 24, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोपालगंज के ऊंचकागांव थाना क्षेत्र के इटवापुल के लगे स्कूटी सवार महिला के बचावे के चक्कर में ऑटो पलट गइल। एकरा कारण ऑटो में सवार तीन गो पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो। जबकि घायलन में सामिल सब इंस्पेक्टर बुरा तरे घायल हो गइलें। उनका के सदर अस्पताल से गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल बा।

Advertisement

ओहिजा, आउर दुगो पुलिसकर्मी के इलाज सदर अस्पताल में करावल गइल बा। घायलन में भोरे थाना में तैनात सब इंस्पेक्टर राजेश राम, सिपाही काली दयाल चौधरी आ राजेंद्र राम सामिल बा लो।

घटना के बारे में बतावल जात बा कि घायल सब इंस्पेक्टर राजेश राम अपना थाना के दुगो पुलिसकर्मी आ चौकीदार के संगे एगो हत्या के प्रयास के एगो ममिला में गिरफ्तार अभियुक्त के लेके ऑटो पs सवार होके गोपालगंज स्थित सिविल कोर्ट में प्रस्तुत करे जात रहे लो। एही बीच ऊ जइसही ऊंचकागांव थाना क्षेत्र के इटवा गांव के लगे पहुंचल रहे लो कि तबे एगो स्कूटी सवार महिला सड़क पार करत रहली। जिनका के बचावे खातिर ऑटो ड्राइवर ब्रेक लगवलें।

एकरा बाद ऑटो अनियंत्रित होके मवके पs पलट गइल। एह हादसा में तीन लोग जख्मी हो गइल। जबकि सब इंस्पेक्टर राजेश राम के गंभीर चोट लागल बा। ओहिजा, आउर पुलिसकर्मियन के हलुक चोट लागल बा। चौकीदार आ अभियुक्त बाल-बाल बच गइल लो।

दुनो मिलके सब घायलन के उठाके सड़क के किनारे कइल। एह दौरान चौकीदार डायल 112 के तत्काल सूचना देलें। सूचना पाके डायल 112 के टीम मवका पs पहुंचल आ जख्मियन के इलाज खातिर सदर लेके पहुंचल। जहां डॉक्टर लोग प्राथमिक उपचार के बाद स्थिति के गंभीर देखत बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर रेफर कs दिहल।

Tags :
accidentAuto OverturnedBhojpuri NewsGopalganj newsInspector InjuredThree Policemen Injured
Advertisement
Next Article