For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अविर्भव आ अथर्व जीतल लो Superstar Singer 3 के खिताब, चमचमात ट्रॉफी के संगे मिलल लाखन रुपिया

10:45 AM Aug 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
अविर्भव आ अथर्व जीतल लो superstar singer 3 के खिताब  चमचमात ट्रॉफी के संगे मिलल लाखन रुपिया
Advertisement

बिग बॉस ओटीटी सीजन तीन खत्म होखला के बाद अब सोनी टीवी के सिंगिंग रियलिटी शो 'सुपरस्टार सिंगर 3' के ओकर विनर मिल गइल बा। चार अगस्त के एह शो के ग्रैंड फिनाले भइल, जवना में कंटेस्टेंट के बीच कांटा के टक्कर देखे के मिलल। फिनाले में हर केहू अपना सिंगिंग से जजेस के दिल जीतल लो।

Advertisement

हालांकि, लास्ट में झारखंड के अथर्व बक्शी आ केरल के अविर्भव 'सुपरस्टार सिंगर 3' के खिताब अपना नावे कइल लो। दुनो के चमचमाती ट्रॉफी के संगे लाखन रुपिया के प्राइज मनियो मिलल।

दुनो के मिलल एतना लाख रुपिया

एह सिंगिंग रियलिटी शो के फिनाले के 'फ्यूचर का फिनाले' नाम दिहल गइल रहे। जवना के नेहा कक्कड़ जज करत रहली। ओहिजा, अथर्व आ अविर्भव के फिनाले में नव कंटेस्टेंट से कड़ा टक्कर मिलल। सभे के पीछे छोड़त दुनो आपन बेहतरीन सिंगिंग के चलते शो के विनर बन गइल लो।

एह सीजन में ई पहिला बेर बा जब दुगो कंटेस्टेंट के विनर घोषित कइल गइल। विनर बनला के बाद अथर्व आ अविर्भव के इनाम के राशि के तौर पs 10-10 लाख रुपिया मिलल। फैंसो अब दुनो के सोशल मीडिया पs बधाई दे रहल बा लो।

स्टार्स कइल रहे लो अथर्व के तारीफ

अथर्व बक्शी शो में पहिलके दिन से अपना मैजिकल आवाज से हर केहू के आपन दीवाना बनावत आइल बाड़ें। फेर चाहे शो के जज नेहा उनकर तारीफ कइले होखस भा उनकर सिंगिंग सुनला के बाद लक्ष्मीकांत भावुक हो गइल होखस।

खाली एतनही ना, विद्या बालन अपने पति आ फिल्म प्रोड्यूसर सिद्धार्थ रॉय कपूर के फोन कs के उनका के अपना एगो फिल्म में प्लेबैक सिंगिंग करे के मवका देवे खातिर कहले रहस। ओहिजा, अविर्भव अपना सिंगिंग से उदित नारायण आ गीता कपूर सहित कइयन लोगन के चउका देले रहस। दुनो लोग शो के विनर बनला के बाद बहुते खुस बा।

Tags :
Advertisement