For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सबेरे-सबेरे: मॉनसून में सेहत पs भारी पड़ सकेला राउर ई आदत, तुरंते बना लीं दूरी वरना घेर सकेला ई बेमारी

06:54 AM Jul 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
सबेरे सबेरे  मॉनसून में सेहत पs भारी पड़ सकेला राउर ई आदत  तुरंते बना लीं दूरी वरना घेर सकेला ई बेमारी
Advertisement

Advertisement

अगर आपके इम्यूनिटी भी कमजोर बा तs बरसात के मौसम में आपके बेमार होखे के संभावना भी बहुत हद ले बढ़ जाला। मानसून के समय लोग अक्सर सर्दी, दस्त, बोखार आ पेट से जुड़ल समस्या के शिकार हो जाला। अगर आप भी अयीसन समस्या के शिकार होखे से बचे के चाहतानी तs आपके कुछ आदत के छोड़ देवे के चाही। असल में मानसून के दौरान आपके कुछ आदत आपके स्वास्थ्य के बहुत नुकसान पहुंचा सकता।

सी फूड ना खाए के चाहीं

कुछ लोग के सी फूड बहुत पसंद होला। रउरा ई जान के हैरानी होखी कि मानसून में सी फूड से परहेज करे के सलाह दिहल जाला. असल में बरखा के समय पानी गंदा हो जाला जवना के चलते बैक्टीरिया के संक्रमण के खतरा बहुत हद ले बढ़ सकता। अगर आप सी फूड से परहेज ना करब तs आपके फूड पॉइजनिंग हो सकता, एहसे सावधान रहला के जरूरत बा।

ठंडा तासीर वाला चीजन से परहेज कइल

बरसात के मौसम में ठंडा प्रभाव वाला चीज़ से बचे के सलाह दिहल जाला। गर्मी में ठंडा खाद्य पदार्थ फायदेमंद साबित हो सकता, बाकिर मानसून में अयीसन खाद्य पदार्थ आपके स्वास्थ्य के नुकसान पहुंचा सकता। अगर आपके खाना के संगे दही के सेवन करे के आदत बा तs तुरंत आपन आदत सुधार लीं। ठंडा के असर वाला चीज़ सर्दी अवुरी फ्लू के मुख्य कारन बन सकता।

स्ट्रीट फूड खाए से परहेज करीं

का रउवा भी बरसात के मौसम में स्ट्रीट फूड खाए के गलती करेनी? मानसून के दौरान बाहर तले खाना खईला से आपके आंत के स्वास्थ्य पs नकारात्मक असर पड़ सकता। बरखा के समय घर के खाना खाए के चाही। स्वास्थ्य विशेषज्ञ के मुताबिक सड़क पs खाना में स्वच्छता के कमी हो सकता, जवना के चलते आपके पेट से जुड़ल बेमारी के सामना करे के पड़ सकता।

Tags :
Advertisement