भक्तिमय सोमार: 'श्रद्धा के सागर' अयोध्या में हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन कइले बिना अधूरा होला श्रीराम जी के पूजा, जानीं इतिहास
खबर भोजपुरी एगो सेगमेंट ले के आइल बा जवना में हर सोमार के दिने रउरा सभे अपना देश के कोना-कोना में बसल मंदिरन के जानकारी दी.
रामलला के स्थापना के साथ ही उनकर सबसे प्रिय दूत बजरंगबली के मुख्य आसन हनुमानगढ़ी के भी महत्व बढ़ गइल बा। पौराणिक मान्यता के अनुसार लंका के जीत के बाद श्री राम के साथे कई गो बानर वीर भी अयोध्या में अइले। स्वाभाविक बा कि एहमें हनुमान जी भी जरूर होहिहें. माई सीता के खोज से लेके रावण के खिलाफ रणनीतिक अभियान ले हनुमान जी के बहुत महत्वपूर्ण भूमिका रहे। श्री राम महल के दक्षिण-पूर्व कोना में हनुमान जी के अयोध्या के रक्षक के रूप में स्थापित कईले।
इहो मानल जाला कि अमरत्व के वरदान से युक्त भगवान हनुमान जी आजुओ इहाँ सूक्ष्म रूप में मौजूद बाड़े। एक मार्च 1528 के राम मंदिर तुड़े जइले जइसन घटना के चलते घर-परिवार त्याग के राम भक्ति में लीन रहे वाला विरक्त वैष्णव आचार्य लोग 17वीं शताब्दी के उत्तरार्द्ध में जवन तीन गो अखाड़न के गठन कइले ओहमे हनुमानगढ़ी के स्थापना एही अखाड़न के निरपेक्ष साधू लोग के केंद्र के रूप में भइल।
हनुमानगढ़ी के इतिहास
एह मंदिर के बारे में बहुत मान्यता प्रचलित बा। मानल जाला कि भगवान राम लंका से लवटला के बाद इs जगह अपना प्रिय भक्त हनुमान के रहे खातिर देले रहले। एह से अयोध्या आवे से पहिले हनुमानगढ़ी में मौजूद हनुमान जी के दर्शन करे के चाहीं।अथर्ववेद के अनुसार भगवान राम हनुमान जी के ई मंदिर देत घरी कहले रहले कि जब भी कवनो भक्त अयोध्या आई तs सबसे पहिले हनुमान जी के दर्शन करी। मानल जाला कि हनुमान जी हर समय इहाँ मौजूद रहेलें।
हनुमानगढ़ी एगो ऊँच टीला पs स्थित बा
अयोध्या शहर के बीचोबीच बनल हनुमान जी के ई मंदिर राजद्वार के सामने ऊँच टीला पs बा। हनुमानगढ़ी भगवान बजरंगबली के घर कहल जाला। एह मंदिर के चारो ओर ऋषि आ संत लोग के निवास बा। एह मंदिर के स्थापना 300 साल पहिले सिराजुद्दौला द्वारा स्वामी अभयारामदासजी के निर्देश पs कइल गइल रहे। हनुमानगढ़ी के दक्खिन में सुग्रीव टीला औक अंगद टीला बा।
मानल जाला कि आज भी हनुमान जी भगवान राम के आदेश पs अयोध्या के कार्यभार संभलले बाड़े। ई मंदिर अयोध्या के सरयू नदी के दाहिना किनारे एगो ऊँच टीला पs बा। मंदिर पहुंचे खातिर भक्तन के 76 सीढ़ी चढ़े के पड़ेला। एह मंदिर के सब देवाल पs हनुमान चालीसा आ चौपईया लिखल बा.
हनुमानगढ़ी में कामना पूरा होला
हनुमानगढ़ी में हनुमान जी के मूर्ति दक्षिण मुंह बा। धार्मिक मान्यता के अनुसार इहां अइले से ही हर इच्छा पूरा हो जाला। इहाँ आके हनुमानजी के लाल चोला चढ़वले से हर तरह के दोष से मुक्ति मिलेला। हनुमान जी के कृपा से जीवन में समृद्धि आ सफलता के प्राप्ति होला। कहल जाला कि अयोध्या के सरयू नदी में लोग के पाप धोवे से पहिले भगवान हनुमान से अनुमति लेवे के पड़ेला।
हनुमानगढ़ी में हनुमानजी के निशान बा
हनुमानगढ़ी मंदिर में एगो खास 'हनुमान निशान' बा। ई चार मीटर चौड़ा आ आठ मीटर लंबा ध्वज हs। इs निशान लंका पs जीत के प्रतीक हs। एकरा संगे गदा अवुरी त्रिशूल भी बा। परम्परा के अनुसार कवनो शुभ काम से पहिले हनुमान जी ध्वज के राम के जन्मभूमि ले जाइल जाला। लगभग 20 लोग एकरा के हनुमानगढ़ी से रामजनमभूमि स्थल ले जाके पहिले एकर पूजा कइल जाला।
हनुमानगढ़ी के गुप्त पूजा
अयोध्या के सिद्ध पीठ हनुमानगढ़ी मंदिर में भी गुप्त पूजा कइल जाला आ एकर रहस्य भी गुप्त बा। ई पूजा सबेरे 3 बजे शुरू होला। कहल जाला कि एह पूजा के दौरान बजरंगबली पुजारी लोग के साक्षात दर्शन भी देवेले। एह पूजा में 8 गो पुजारी लोग होले। भक्तन के ओहिजा जाए के इजाजत नइखे. ना ही पुजारी एह पूजा के बारे में मंदिर परिसर से बाहर केहू के बतावेले ना ही केहू से एह विषय पs चर्चा करेले।
अयोध्या जाए के मार्ग
अयोध्या के हनुमानगढ़ी मंदिर खातिर यूपी परिवहन निगम के बस 24 घंटा उपलब्ध बा। यूपी के प्रमुख शहरन जइसे कि लखनऊ, गोरखपुर, प्रयागराज से अयोध्या ले सड़क संपर्क बा। एकरा अलावे दिल्ली से यमुना एक्सप्रेसवे अवुरी ओकरा बाद लखनऊ एक्सप्रेसवे से भी अयोध्या पहुंचल जा सकता। दिल्ली से अयोध्या खातिर भी सीधा बस सेवा बा। एकरा अलावा हमनी के ट्रेन आ हवाई जहाज से भी जा के हनुमानगढ़ पहुंच सकेनी जा। अयोध्या पहुंचला के बाद हम ओइजा ऑटो, ई-रिक्शा चाहे कवनो अवुरी गाड़ी मिल सकता जवन सीधे हनुमानगढ़ी मंदिर पहुचा दी.