टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Ayodhya Ram Mandir: रामलला के दर्शन आ आरती के सब पास कैंसिल, रामनवमी पऽ भगवान के दर्शन आ मंगला आरती के ई रही समय

06:02 PM Apr 15, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Ram Mandir Ayodhya Latest News: राम जन्मोत्सव के तैयारियन के अंतिम स्पर्श देवे में जुटल रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट। रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपतराय कहले कि पर्दा बंद रहे घरी धैर्य राखे के होई। रात्रि 11 बजे ले श्रद्धालु अपना भगवान के दर्शन कर सकिहें। 17 अप्रैल से 19 अप्रैल ले जारी कइल गइल सब पास निरस्त कर दिहल गइल बा।

Advertisement

राम जन्मोत्सव के तैयारियन के अंतिम रूप देवे में लागल रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपतराय बतवले कि रामनवमी के दिन मंगला आरती के बाद प्रातः 3:30 बजे से रामलला के अभिषेक, श्रृंगार आ दर्शन साथे-साथ चलत रही।

उऽ रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र यात्रा सहायता केंद्र पऽ संवाददाता लो से बात करत रहले। उनका अनुसार श्रृंगार आरती प्रातः पांच बजे होई, रामलला के दर्शन आ सब पूजा-विधि यथावत साथे-साथ चलत रही। भगवान के भोग लगावे खातिर ई समय-समय पऽ अल्प-काल के पर्दा रही। अइसन परिस्थिति खातिर उऽ श्रद्धालुअन से निवेदन कइले कि पर्दा बंद रहत घरी धैर्य बना के राखे के होई आ एही दौरान श्रद्धालुअन खातिर राम नाम संकीर्तन आ प्रभु के भजन कइल उचित होई।

रात के 11 बजे ले दर्शन के क्रम चली 

रात के 11 बजे ले दर्शन के क्रम पूर्ववत चलत रही, एकरा बाद दर्शनार्थियन के संख्या आ तात्कालिक परिस्थिति के हिसाब से भोग आ शयन आरती होई।

दर्शनार्थियन के दिहले ई सलाह

तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव दर्शनार्थियन के आपन मोबाइल, जूता, चप्पल, बड़-बैग आ प्रतिबंधित सामग्री आदि सुरक्षित स्थान पऽ छोड़ के दर्शन खातिर आवे के सलाहो दिहले, ताकि दर्शन मार्ग पऽ चेकिंग आ सामान सुरक्षित करे में समय ना जाया होखे आ दर्शन बिना रूकले चलत रहे। उऽ इहो दोहरवले कि 16, 17, 18 आ 19 अप्रैल के रामलला के दर्शन आ आरती के सब पास निरस्त कर दिहल गइल बा।

यात्री सेवा केंद्र बनावल गइल

रामजन्मभूमि प्रवेश द्वार के नियरे रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के ओर से यात्री सेवा केंद्र बनावल गइल बा। इहाँ से श्रद्धालुअन के जरूरत के हिसाब से सेवा उपलब्ध करावल जा रहल बा।

Tags :
AyodhayaayodhyaAyodhya ram mandirCongress Uttar PradeshRam MandirRam Mandir Ayodhya
Advertisement
Next Article