For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

दिवाली से पहिले राम मंदिर, महाकाल आ तिरुपति के बम से उड़ाए के धमकी

11:43 AM Oct 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
दिवाली से पहिले राम मंदिर  महाकाल आ तिरुपति के बम से उड़ाए के धमकी
Ayodhya Ram Temple
Advertisement

Advertisement

दिवाली से पहिले आतंकी हमला के धमकी देश भर के सुरक्षा एजेंसियन के सचेत कs दिहले बा. दिवाली के मौका पs आतंकी के निशाना अयोध्या के राम मंदिर, उज्जैन के महाकाल मंदिर अवुरी तिरुपति के इस्कॉन बा। पुलिस के ईमेल अवुरी चिट्ठी के माध्यम से मंदिर पs आतंकी हमला के धमकी मिलल बा, जवना के बाद मंदिर में सुरक्षा के इंतजाम कड़ा कs दिहल गईल बा। एकरा अलावे मंदिर में आवे वाला हर भक्त के सुरक्षा के कई परत में जांच कईल जाता। छोट से छोट संदिग्ध चीज जब्त हो रहल बा। सीसीटीवी के मदद से मंदिरन के भीतर आ बहरी बारीकी से नजर राखल जा रहल बा।

दिवाली के दिन अयोध्या में अलर्ट

अयोध्या में दू दिन बाद रोशनी के परब होला। पांच सौ साल बाद अयोध्या में अपना घर लवटल भगवान रामलला खातीर दीपोत्सव मनाई। इs पहिला मौका होई जब रामलला अपना घर में दिवाली मनाईहे। एह पल के साक्षी बने खातिर दुनिया भर से भगवान राम के भक्त छोटी दिवाली के दिन अयोध्या पहुंच रहल बाड़े। लाखों लोग रोशनी के भव्य उत्सव के साक्षी होईहे, एकरा खातीr अंतिम समय के तैयारी होखता। रोशनी के भव्य पर्व से पहिले राम मंदिर रंग-बिरंग के रोशनी से रोशन होला। बाकिर एकरे बीच धमकी अवुरी हमला के डर से सुरक्षा एजेंसियन के नींद खतम होखता। एकर सबसे बड़ कारण देश भर के मंदिरन के जवन खतरा हो रहल बा।

एगो संदिग्ध गिरफ्तार, भारी मात्रा में विस्फोटक बरामद

एही बीच अयोध्या पुलिस रफीक नाम के एगो आदमी के गिरफ्तार कs लेले बिया, जेकरा से भारी मात्रा में विस्फोटक बरामद भईल बा। हालांकि उनुका से बरामद विस्फोटक के इस्तेमाल आमतौर पs पटाखा बनावे में होखेला, बाकिर एजेंसी केहु के हल्का में नईखे लेत। एकरा के ध्यान में राखत दीप के त्योहार से पहिले अयोध्या के सुरक्षा अवुरी कड़ा कs दिहल गईल बा। अयोध्या के हर कोना में पुलिस, पीएसी, यूपी एटीएस, यूपी एसटीएफ, स्पेशल कमांडो फोर्स अवुरी पैरा मिलिट्री, आरएएफ के जवान तैनात बाड़े।

Tags :
Advertisement