For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Ayodhya: दीपोत्सव में अबकी बनी दु गो नया विश्व रिकॉर्ड

12:28 PM Oct 16, 2024 IST | Sonu Kishor
ayodhya  दीपोत्सव में अबकी बनी दु गो नया विश्व रिकॉर्ड
अयोध्या में दीपोत्सव (फाइल फोटो)
Advertisement

रामलाला के अभिषेक के बाद अबकी बेर दीपोत्सव में कुछ बहुत खास होई। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के निर्देश पऽ ना खाली 25 लाख दीप जरा के एगो नाया विश्व रिकॉर्ड बनावल जाई, भजन संध्या स्थल पs छव लाख दीप जरावल जाई। 1100 लोग मिल के सरयू आरती करे के एगो अउरी गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकार्ड बनावे के तइयारी जारी बा।

Advertisement

आयुक्त गौरव दयाल दीपोत्सव के तइयारी के लेके आयुक्त कार्यालय के सभागार में भइल बइठक में इ जानकारी देले। आयुक्त कहलन कि दीपोत्सव मेला के अउरी भव्य बनावे खातिर सगरी संबंधित विभाग आ अधिकारी के प्रयास करे के चाहीं। राम के पैड़ी के 55 घाट के पहचान आ नक्शा बनावल गइल बा। दिया जरावे खातिर 30 हजार स्वयंसेवक के तैनात कइल गइल बा। ओह लोग के पहचान पत्र बनावे के ऑनलाइन प्रक्रिया चलत बा।

राम के पैड़ी में दीप जरावे खातिर तैनात स्वयंसेवक के आगमन आ जाए खातिर निश्चित मार्ग होखे के चाहीं। दीपक जरावे के बाद कहाँ बईठे के बा, एकरा बारे में पहिले से जानकारी देवे के चाही। सूचना आ पर्यटन विभाग के ओर से निकालल टेबल अउरी जुलूस आकर्षक होखे के चाही। राम के पैड़ी के लेजर शो आ पुरान सरयू पुल पs होखे वाला आतिशबाजी शो के सगरी तइयारी समय पर होखे के चाहीं।

बइठक में आईजी प्रवीण कुमार, डीएम चंद्र विजय सिंह, एसएसपी राजकरण नायर, नगर आयुक्त संतोष शर्मा, सीडीओ कृष्ण कुमार सिंह, अपर जिला मजिस्ट्रेट नगर सलिल पटेल, एसपी सिटी मधुबन सिंह, डीएफओ प्रणव जैन, सीएमओ संजय जैन आ अयोध्या विकास प्राधिकरण के अध्यक्षता कईले सचिव सत्येन्द्र सिंह मौजूद रहले।

Tags :
Advertisement