टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Azharuddin: अजहरुद्दीन के ED के समन, मनी लॉन्ड्रिंग मामला में पूछताछ 

03:25 PM Oct 03, 2024 IST | Sonu Kishor
फोटो - अजहरूदीन
Advertisement

भारतीय कप्तान रहल आ दिग्गज बल्लेबाज मोहम्मद अजहरुद्दीन के मनी लांड्रिंग के मामला में ईडी बोलवले बा। उनका पs 20 करोड़ रुपया के धन के दुरुपयोग करे के आरोप बा। इ मामला हैदराबाद क्रिकेट एसोसिएशन से जुड़ल बा। 61 साल के अजहरुद्दीन के आजे हैदराबाद के प्रवर्तन निदेशालय में पेश होखे के कहल गइल। हालांकि उऽ हाजिर ना भइले आ जानकारी के मुताबिक उऽ ईडी से समय मंगले बाड़े। ईडी फेर से समन जारी कऽ सकेला।

Advertisement

कांग्रेस के कवनो नेता के इ पहिला समन बा। अजहरुद्दीन हैदराबाद क्रिकेट एसोसिएशन के अध्यक्ष रहल बाड़े। उनका पs अपना कार्यकाल में फंड के दुरुपयोग के गंभीर आरोप लागल बा। इ मामला हैदराबाद के उप्पल में राजीव गांधी क्रिकेट स्टेडियम खाती डीजल जनरेटर, फायर फाइटिंग सिस्टम अउरी कैनोपी खरीदे खाती दिहल गइल 20 करोड़ रुपया के कथित दुरुपयोग से जुड़ल बा।  ईडी पिछला साल नवंबर में एह मामला के लेके तलाशी लेले रहे।  मनी लांड्रिंग के मामला तेलंगाना भ्रष्टाचार निरोधक ब्यूरो (एसीबी) के ओर से एचसीए के 20 करोड़ रुपया के फंड के कथित आपराधिक दुरुपयोग के तीन प्राथमिकी अउरी आरोप पत्र दाखिल कइला के बाद भइल बा।

Tags :
AzahruddinCricketer azahruddinEd NewsMoney Laundering Case
Advertisement
Next Article