टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Netflix यूजर्स खातिर बुरा खबर! ई लोगन से छिन जाई सबसे बेसी पसंद कइल जाए वाला ई फीचर

08:35 AM May 29, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पॉपुलर स्ट्रीमिंग सर्विस नेटफ्लिक्स अपना यूजर्स के ऑनलाइन के साथ- साथ ऑफलाइन कंटेंट वॉच करी सुविधो देवेला। यूजर कंटेंट के डाउनलोड कऽ के बिना इंटरनेट के नेटफ्लिक्स पs आपन फेवरेट मूवी वेब सीरीज भा शो देख सकत बाड़े। एही कड़ी में मानल जा रहल बा कि बहुत जलदिए विंडोज यूजर्स से ई सुविधा वापस लिहल जा सकऽता।

Advertisement

नेटफ्लिक्स विंडोज खातिर आ रहल बा बुरा खबर

मीडिया रिपोर्ट्स के मानेल जाव तऽ कंपनी अपना विंडोज ऐप में डाउनलोड ऑप्शन के डिसेबल करे के योजना पs काम कर रहल बिया। Android Authority के एगो लेटेस्ट रिपोर्ट में नेटफ्लिक्स के एह योजना के बारे में बतावल गइल बा।

रिपोर्ट के मोताबिक, नेटफ्लिक्स अपना विंडोज ऐप खातिर एगो अपडेट रोलआउट करी। एह अपडेट के साथही विंडो यूजर्स से कंटेंट डाउनलोड करे के सुविधा वापस ले लिहीं।

जदि सांचो में अइसन होत बा तऽ विंडोज पीसी आ लैपटॉप पस नेटफ्लिक्स ऑफलाइन कंटेंट वॉच करे वालन खातिर ई एगो बुरा खबर होई।

नेटफ्लिक्स विंडोज ऐप पs मिले लागल अलर्ट

एही कड़ी में नेटफ्लिक्स विंडोज ऐप के इस्तेमाल करे वाला कुछ यूजर्स एक्स हैंडल पs पोस्टो बा। यूजर्स लो जानकारी देलस कि उन्का लो के नेटफ्लिक्स विंडोज ऐप पs एगो अलर्ट मिल रहल बा।

एह अलर्ट में साफ कहल गइल बा कि विंडोज ऐप खातिर एगो नया अपडेट जारी होखे जा रहल बा। एह अपडेट के साथे लाइव इवेंट एक्सेस करे, ऐड-सपोर्टेड प्लान कम्पैटिबिलिटी जइसन सुविधा मिली। बाकिर यूजर्स से अब कंटेंट डाउनलोड करे के सुविधा वापस लीहल जा रहल बा।

Tags :
Khabar bhojpuriLatest TechnologynetflixNetflix mewsOTTTech NewsTechnology News
Advertisement
Next Article