टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पहिले बागेश्वर दरबार आ कथा स्थगित हो गइल, अब होटल सील... सवाल : जेडीए के अचानक अवैध निर्माण कईसे देखाई देलस

10:50 AM Jun 01, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

निवारू रोड स्थित लालचंदपुरा के एगो होटल के जेडीए प्रवर्तन शाखा बुधवार के सील कs देलस। जेडीए दस्ता सबेरे 8 बजे पहुंच के कार्रवाई कइलस। होटल के प्रवेश आ निकास के दरवाजा प्लाईवुड से सील कs दिहले रहे।

Advertisement

निवारू रोड स्थित लालचंदपुरा के एगो होटल के जदए प्रवर्तन शाखा बुधवार के सील कs देलस। जेडीए दस्ता सबेरे 8 बजे पहुंच के कार्रवाई कइलस। होटल के प्रवेश आ निकास के दरवाजा प्लाईवुड से सील कs दिहल रहे। एकरा अलावे निर्माण के बाहरी हिस्सा के भी जेडीए टीम सील क देले रहे। एहमें बाथरूम से लेके रसोई, जनरेटर हाउस तक शामिल बा।

एकरा संगे-संगे होटल मालिक ए निर्माण के पुरान आ एक्शन के राजनीतिक मकसद बतवले बाड़े। 28 मई के रात 10 बजे के बाद भी नोटिस चिपकल रहे। असल में ए मामिला में जेडीए मार्च में दुगो नोटिस जारी कइले रहे, जवना में लिखल रहे कि होटल के रेनोवेशन आ रंगाई-पोताई होखता। जवन गैरकानूनी आ अनधिकृत बा।

एकर निर्माण 10 साल पुरान बा

होटल मालिक कैलाश सैनी बतवले कि होटल करीब 10 साल पुरान बा। नवीकरण आ पेंटिंग के काम अबहीं चलत रहे। मार्च में जेडीए के ओर से दिहल नोटिस में भी इहे बात स्वीकार कइल गइल बा। ऊ कहले कि हनुमंत कथा खातीर जयपुर आवे वाला बागेश्वर दरबार के प्रमुख आचार्य धीरेंद्र शास्त्री के इहाँ रहे के रहे। ऊ कार्यक्रम स्थगित कर दिहल गइल आ ओकरा बाद राजनीतिक हस्तक्षेप का चलते होटल सील कर दिहल गइल ।

 कवनो होटल के अनुमति नइखे

ई होटल मैरिज गार्डन के लगे संचालित बा। एकरा संबंध में कवनो अनुमति ना लिहल गइल। निर्माण के काम चलत रहे। जोन रिपोर्ट के आधार पर कार्रवाई कइल गइल बा। ए कार्रवाई में कवनो राजनीतिक दखलंदाजी नइखे।

-महेन्द्र शर्मा, मुख्य नियंत्रक, प्रवर्तन शाखा, जेडीए

Tags :
Bageshwar BabaBageshwar DhamBageshwardham GovernmentBhojpuri devotionalBhojpuri khabarJaipur NewsKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news specialबड़ी khabar
Advertisement
Next Article