टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर में बागेश्वर धाम के दरबार के आयोजन रद्द: 15 से 19 जनवरी तक होखे के रहे पं. धीरेंद्र शास्त्री के कार्यक्रम, प्रशासन ना देलस अनुमति

10:06 AM Jan 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर में लागे वाला बागेश्वर धाम सरकार के दिव्य दरबार अब ना लाग सकी। 15 से 19 जनवरी तक बड़हलगंज के लेटाघाट में बागेश्वर धाम के पीठाधीश्वर पं. धीरेंद्र शास्त्री ले दिव्य दरबार लागे के रहे। बाकिर, प्रशासन कथा के अनुमति के बुध के वापस ले लेले बा। अइसन में अब अब गोरखपुर के लोग पं. धीरेंद्र शास्त्री के कथा ना सुन सकी लो।

Advertisement

हालांकि, एह कार्यक्रम के लेके पहिलही से लोगन में संशय बनल रहे। कुछ लोगन के कहनाम बा कि पहिलहू कइयन बेर पं. धीरेंद्र शास्त्री के दरबार लगावे के नाम पs बैनर पोस्टर जारी भइल। कइयन फाइनेंसर सपोर्ट कइल लो। बाकिर, कार्यक्रम ना हो सकल। अबकियो बेर जब कार्यक्रम के बात सामने आइल तs एकरा के लेके चरचा सुरू हो गइल। बीजेपी विधायक राजेश त्रिपाठी कार्यक्रम स्थल के जायजा लेलें। बाकिर, जब कार्यक्रम के बारे में बात कइल गइल तs ऊ आपन हाथ खड़ा कs देलस।

SP साउथ के रिपोर्ट पs निरस्त भइल अनुमति

हालांकि, SDM गोला रोहित कुमार मौर्य बतवलें कि SP साउथ अपना रिपोर्ट में खिचड़ी मेला आ महोत्सव आदि कारणन से सुुरक्षा देवे में पुलिस प्रशासन के अनुपलब्धता के रिपोर्ट प्रेषित कइले रहस। जवना कारण कथा में होखे वाला भीड़ के देखत सुरक्षा आ कानून बेवस्था के समस्या खड़ा होखे के संभावना बन गइल रहे। एही कारण कथा के दिहल गइल अनुमति वापस ले लिहल गइल बा।

पहिले से रहे कार्यक्रम ना होखे के चरचा 

जबकि, कार्यक्रम के आयोजक राहुल तिवारी के दावा रहे कि 15 से 19 जनवरी तक होखे वाला एह कार्यक्रम में रोज एक लाख लोगन के ठहरे, भोजन, स्नान आ प्रसाद के बेवस्था कइल गइल बा।

जवन पूरा तरे निशुल्क होई। एकरा संगही दरबार के दौरान भक्तन के अरजियो लागी। कवनो चीज खातिर इहां कवनोर तरे के कवनो शुल्क ना होई। हालांकि, बड़हलगंज इलाका में सुरू से एह बात के चरचा रहे कि अइसन कवनो आयोजन नइखे होखे के। एह तरे के अफवाह पहिलहूं कइयन बेर फइलावल जा चुकल बा।

Tags :
Bagewshar DhamBagewswar Dham Darabr CancelledBhojpuri NewsDarbar Cancelledgorkhapur news
Advertisement
Next Article