टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बहराइच में बुलडोजर एक्शन के तैयारी, अब्दुल हमीद समेत 23 घरन के अवैध निर्माण के नोटिस

06:39 AM Oct 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
बहराइच में अवैध निर्माण पs चली बुलडोजर
Advertisement

 

Advertisement

 

हालही में उत्तर प्रदेश के बहराइच जिला में बहुते हिंसा भइल बा. महाराजगंज इलाका में दुर्गा पूजा के बाद विसर्जन खातिर जात लोग पs पत्थरबाजी अवुरी गोलीबारी में राम गोपाल मिश्र के मौत हो गईल। एs घटना के बाद इलाका में बहुत तनाव पैदा हो गईल। पुलिस कार्रवाई करत हिंसा अवुरी हत्या के आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस। एकरा संगे अब प्रशासन एs इलाका में अवैध निर्माण पs बुलडोजर चलावे के तैयारी में जुटल बा।  बहराइच के कुल 23 मकान के अवैध निर्माण के नोटिस जारी कs दिहल गईल बा, जवना में दंगा के मुख्य आरोपी अब्दुल हमीद के घर भी शामिल बा।

23 मकान में अवैध निर्माण के सूचना

बहराइच के महाराजगंज बाजार में दंगा के मुख्य आरोपी अब्दुल हमीद के घर समेत कुल 23 मकान में अवैध निर्माण के संबंध में पीडब्ल्यूडी विभाग नोटिस जारी कईले बा। एह नोटिस में कहल गइल बा कि अगर उनकर घर बीच सड़क से 60 फीट के त्रिज्या में बा तs निर्माण अनुमति के कॉपी देखाई ना तs खुदे आपन निर्माण स्वयं तुड़ी.

3 दिन के समय 

प्रशासन अवैध निर्माण के हटावे खातिर 3 दिन के समय देले बा। ई नोटिस 17 अक्टूबर के जारी भइल बा. नोटिस जारी होखे के तारीख के मुताबिक सभका लगे काल्ह तक समय बा। प्रशासन काल्हु के बाद दिन से बुलडोजर कार्रवाई कss सकेला. दंगा के मुख्य आरोपी अब्दुल हमीद के घर में 20 फीट अवैध निर्माण हो रहल बा। कुल 23 घर में नोटिस लगावल गइल बा जवना में से 19 घर मुसलमानन के आ 4 घर हिन्दू के हs.

 

 

 

 

 

Tags :
BahraichBulldozersIllegal Constructionup policeUttar Pradesh
Advertisement
Next Article