For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bahraich: बहराइच में मूर्ति विसर्जन के दौरान फायरिंग में युवक घायल

06:23 PM Oct 13, 2024 IST | Sonu Kishor
bahraich  बहराइच में मूर्ति विसर्जन के दौरान फायरिंग में युवक घायल
मूर्ति विसर्जन के दौरान भइल रहे विवाद।
Advertisement

बहराइच के महसी तहसील के हरदी थाना क्षेत्र में एतवार का दिने मूर्ति विसर्जन का दौरान दू समुदाय का बीच विवाद हो गइल।

Advertisement

आरोप बा कि ए दौरान महाराज गंज कस्बा में एगो अउरी समुदाय के ओर से पथराव अउरी गोलीबारी भइल, जवना में मूर्ति विसर्जन में शामिल रेहुवा निवासी राम गोपाल मिश्र (22 साल) गोली से गंभीर रूप से घाही हो गइले। जवना लोग के इलाज खातिर मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल बा आ ओ लोग के हालत गंभीर बतावल जाता।

हरदी समेत कई थाना के पुलिस आ पीएसी के मौका पऽ भेजल गइल बा। विधायक के संगे शीर्ष अधिकारी  मौका पऽ पहुंचल बाड़े। घटना के बाद मौका पऽ भगदड़ मच गइल।

Tags :
Advertisement