For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

संतुलित सेहत: Magnesium Deficiency: शरीर में ल‌उके लागे ई 5 लक्षण, तऽ समझ लिहीं, हो सकेला मैग्नीशियम के भारी कमी

10:25 AM May 14, 2024 IST | Raj Nandani
संतुलित सेहत   magnesium deficiency  शरीर में ल‌उके लागे ई 5 लक्षण  तऽ समझ लिहीं  हो सकेला मैग्नीशियम के भारी कमी
Advertisement

मैग्नीशियम एगो बेहद जरूरी पोषक तत्व ह जेकर कमी राउर सेहत के ढेर नुकसान पहुंचा सकेला। एह खातिर शरीर में ई सही मात्रा में मौजूद रहो ई बेहद जरूरी बा। एकर कमी होखला पs शरीर में कुछ खास लक्षण नजर आवेला जेकरे मदद से एकर कमी के पता लगावल जा सकेला ।

Advertisement

आई जानीं के का हs मैग्नीशियम (Magnesium) के कमी के संकेत।

Magnesium Deficiency: शरीर में ल‌उके लागे ई 5 लक्षण, त समझ लिही हो सकेला मैग्नीशियम के भारी कमी।

शरीर में ई लक्षण से करीं Magnesium के कमी के पहचान

•मैग्नीशियम के कमी सेहत के कई गो तरह से प्रभावित कर सकेला ।

•मैग्नीशियम के वजह से हड्डि आ मांसपेशि कमजोर होखे लागेला ।

•एकर कमी से दिल के सेहत बिगड़ सकेला ।

Magnesium Deficiency: मैग्नीशियम हमनी के शरीर के खातिर एगो बेहद अहम पोषक तत्व ह। शरीर के कई गो फंक्शन्स के खातिर मैग्नीशियम के जरूरत होला । एs खातिर एकरे कमी सेहत पs कहर बरपा सकेला । बाकी फिरो क‌इगो लोग अपना डाइट में एकरा के शामिल करल भूला जानी , जेकरे कारण शरीर में एकर स्तर कम होखे लागेला। मैग्नीशियम के कमी (Lack of Magnesium) के वजह से सेहत से जुड़ल कई गो परेशानि हो सकेला । आई जानीं मैग्नीशियम के कमी के कारण स्वास्थय के का नुकसान हो सकेला।

थकान आ कमजोरी

हमनी के शरीर में खाना ख‌इला से ऊर्जा बनावेला , ए प्रक्रिया के मेटाबॉलिज्म कहल जाला। मैग्नीशियम ई प्रक्रिया के खातिर बेहद जरूरी होला, बाकी शरीर में एकरे कमी के वजह से एनर्जी के कमी होखे लागेला आ रउवा थाकल आ कमजोर महसूस करेनी ।

सिरदर्द आ माइग्रेन

मैग्नीशियम न्यूरोट्रांसमिशन में काफी अहम भूमिका निभावेला। ए खातिर एकर कमी के कारण सिरदर्द आ माइग्रेन क समस्या हो सकेला । माइग्रेन के मरीजन के खातिर ई काफी जरूरी होला कि उ मैग्नीशियम से भरपूर फूड्स के डाइट में शामिल करीं, ताकि माइग्रेन के मैनेज क‌इले में मदद मिल सके।

मांसपेशि में अकड़न

मैग्नीशियम मांसपेशि के कॉन्ट्रेक्शन आ रिलैक्सेशन के खातिर जरूरी होला । बाकी एकरे कमी के वजह से मांसपेशि में अचानक से अकड़न आ ऐंठन ज‌इसन परेशानि होखे लागेला । एकर कमी के वजह से मांसपेशि कमजोर हो सकेला ।

हाई ब्लड प्रेशर

मैग्नीशियम ब्लड प्रेशर रेगुलेट करे में मदद करेला। ई ब्लड वेसल्स के रिलैक्स करेला, जवन ब्लड फ्लो के बेहतर होला । बाकी एकरे कमी के कारण ब्लड वेसल्स रिलैक्स नाहीं होला आ ब्लड प्रेशर बढ़े लागेला। एकरे कारण आर्टरीज में ब्लीडिंग आ क्लॉटिंग हो सकेला, जोन दिल के बीमारि आ स्ट्रोक के वजह बन सकेला ।

इनसोम्निया

नींद के खातिर मेलाटोनिन जरूरी होला , जेके मैग्नीशियम कंट्रोल क‌इले में मदद करेला। शरीर में मैग्नीशियम के कमी के कारण नींद से जुड़ल न्यूरोट्रांसमिटर्स में गड़बड़ी होला , जवना कारण नींद अइले में दिक्कत आ इनसोम्निया हो सकेला । ए वजह से आपका स्लीप पैटर्न बिगड़े लगेला , जवन सेहत के खातिर काफी नुकसानदेह ह।

मैग्नीशियम के खाद्य श्रोत 

•ओट्स

• गेहूं

• सोयाबीन

• राई

•जौ

• अनानास

• टोफू

• केला

Tags :
Advertisement