टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बलिया वसूली कांड: लापरवाही पऽ एसपी स्वाट टीम के कइले भंग, सब सात पुलिसकर्मियन के कइले लाइन हाजिर

09:55 AM Aug 03, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बलिया रंगदारी मामला में कार्रवाई के प्रक्रिया बंद होखे के कवनो संकेत नइखे देखाई देत। मामला में लापरवाही के चलते एसपी स्वाट टीम के भंग कऽ के टीम के सात पुलिसकर्मी के लाइन हाजिर कइले बाड़े

Advertisement

पुलिस अधीक्षक विक्रांत वीर स्वाट टीम के भंग कऽ देले बाड़न। एसपी अपना टीम के प्रभारी आ 6 सिपाही के लाइन में लगा देले बाड़े। इ जानकारी मिलते विभाग में हलचल मच गइल।

स्वाट टीम के काहे भंग कइल गइल आ टीम के सातों पुलिस जवान के लाइन पs काहे भेजल गइल बा। विभागीय अधिकारी एह बारे में कुछ कहे से परहेज करतारे, बाकिर सूत्र के कहनाम बा कि इ कार्रवाई नरही रंगदारी कांड से जुड़ल बा। एकरा के देखत एसपी बड़ कार्रवाई कइले बाड़न।

सूत्र के दावा बा कि नरही रंगदारी मामला में स्वाट टीम के लापरवाही प्राइमा फेसी में सोझा आइल बा। डीआईजी के कार्रवाई से पहिले टीम ना तऽ विभाग के उच्च अधिकारी के अइसन जानकारी दिहले आ ना अपना स्तर से कवनो कार्रवाई कइले। एकरा के गंभीरता से लेके एसपी टीम के भंग करे के आदेश जारी कइले बिया।

लाइन में भेजल गइल लोग में स्वाट टीम के सब इंस्पेक्टर आ प्रभारी कौशल कुमार पाठक, मुख्य सिपाही जसवीर, मुख्य सिपाही लवकेश पाठक, सिपाही महेश कुमार, श्याम कुमार, शशि भूषण आ मंजीत कुमार शामिल बाड़े। दूसर ओर पुलिस अधीक्षक विक्रांत वीर एह कार्रवाई के पुष्टि करत कहले कि टीम के लेके कुछ शिकायत मिलल बा, जवना के चलते कार्रवाई भइल बा।

Tags :
baliabalia newsbalia policekhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsuttar pradesh newsUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article