टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मालदीव में MDH-एवरेस्ट मसालन के बिक्री पs रोक : कीटनाशक होखे के आरोप, हॉन्गकॉन्ग-सिंगापुर में बैन; भारत आ अमेरिका में चल रही जांच

12:24 PM Apr 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

हॉन्गकॉन्ग आ सिंगापुर के बाद मालदीव अपना इहां एवरेस्ट आ MDH मसालन के बिक्री पs रोक लगा देले बा। मालदीव के फूड एंड ड्रग अथॉरिटी (MFDA) कहलस कि भारत में बने वाला मसालन के दुगो ब्रांड्स में एथिलीन ऑक्साइड पावल गइल बा।

Advertisement

न्यूज एजेंसी अधाधू एह बात के जानकारी देले बा। रिपोर्ट के मोताबिक, मालदीव सरकार अभी तक एह मसालन से होखे वाला जोखिम के मूल्यांकन करत रहे। MFDA कहलस कि एह ब्रांड्स के मसाला मालदीव में बड़ मात्रा में इंपोर्ट आ यूज कइल जात बा।

हॉन्गकॉन्ग आ सिंगापुर में सेल पs रोक

एह महीना के सुरुआत में हॉन्गकॉन्ग आ सिंगापुर के सरकार MDH आ एवरेस्ट मसालन में 'कीटनाशक' बनावे वाला केमिकल होखे के आरोप लगाके मद्रास करी पाउडर, एवरेस्ट फिश करी मसाला, MDH सांभर मसाला मिक्स आ MDH करी पाउडर मिक्स मसालन के बिक्री पs बैन लगा देले रहे।

भारत आ अमेरिका में जांच कs रहल बाड़ी सs एजेंसी

रिपोर्ट्स अइला के बाद भारत सरकार एकरा प्रोडक्ट्स के जांच सुरू कs देले बिया। ओहिजा, अमेरिकी फूड एंड ड्रग एडमिनिस्ट्रेशन (FDA) कंपनी के मसालन के जांच कs रहल बा। FDA के प्रवक्ता रॉयटर्स के बतवलें, 'FDA के एह रिपोर्ट्स के जानकारी बा आ ऊ इस्थिति के बारे में अतिरिक्त जानकारी जुटा रहल बा।'

MDH आरोपन के खारिज कइलस, कहलस- प्रोडक्ट्स सेफ

ओइसे, सनीचर के MDH अपना प्रोडक्ट्स में 'कीटनाशक' होखे के आरोपन के खारिज करत कहलें कि ई दावा झूठ आ निराधार बा आ एकर कवनो ठोस सबूत नइखे। MDH कहलस, 'हमनी प्रोडक्ट्स में एथिलीन ऑक्साइड होखला के आरोप सही नइखे। एकरा अलावे, कंपनी के सिंगापुर भा हॉन्गकॉन्ग के रेगुलेटरी अधिकारियन के ओर से कवनो मैसेज नइखे मिलल।

Tags :
Ban on sale of MDH-Everest spices in Maldives too: Accused of being pesticidebanned in Hong Kong-Singapore; Investigation going on in India and AmericaBhojpuri NewsHongkong and SingaporeMDH-Everest spices banned in Maldives
Advertisement
Next Article