टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बैंकॉक: स्कूल बस में लागल आग, छात्र सहित 25 लोग के जर के मौत

04:40 PM Oct 01, 2024 IST | Sonu Kishor
बैंकॉक: स्कूल बस में लागल आग
Advertisement

बैंकॉक में स्कूल बस में आग लगला से छात्र समेत 25 लोग के जर के मौत हो गइल। बतावल जा रहल बा कि विद्यार्थियन के बस से स्कूल टूर पर ले जाइल जात रहे। एह दौरान बस हाईवे पs पहुंचते ओकरा में आग लाग गइल। आशंका बा कि टायर फटला का चलते इ हादसा भइल बा।

Advertisement

परिवहन मंत्रीसूर्या जुंगरुंगरुंगकिट बतवले कि मंगर के दिने ई बस मध्य उथाई थानी प्रांत से अयुथया जात रहे आ स्कूल टूर खातिर जात रहे। राजधानी के उत्तरी उपनगर पथुम थानी प्रांत से गुजरत बस दुपहरिया के करीब आग लाग गइल।

मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला

गृहमंत्री अनुतिन चार्नविराकुल दुर्घटना के परिमाण के देखत मरेवाला लोग के संख्या बढ़ सकता बतवले। हालांकि बचे वाला लोग के संख्या के आधार पs 25 लोग के मौत के आशंका बा। दुर्घटना के बाद बहुत देर तक बस एतना गरम रहे कि सुरक्षाकर्मी के ओकरा में घुसे में परेशानी के सामना करे के पड़ल।

पीड़ित परिवार के मुआवजा मिली

प्रधानमंत्री पैंतोगटार्न शिनावात्रा सोशल मीडिया प्लेटफार्म प एगो पोस्ट में संवेदना जतवले। बस दुर्घटना के बहुत फोटो सोशल मीडिया पs सोझा आइल बा, जवना में पूरा बस में आग लगत देखावल जाता। सड़क पर खड़ा बस से करिया धुँआ के बादल निकल रहल बा।

टायर फटला के चलते भइल दुर्घटना

मौका प मौजूद एगो बचावकर्मी सूर्या के बतवले कि, शायद टायर फटला के बाद आग लागल आ बस सड़क के अवरोधक से टकरा गइल। बचाव समूह के 21 साल के होंगसाकुल क्लोंग लुआंग अपना फेसबुक पेज प पोस्ट कइले कि, उनुका बस में कम से कम 10 लाश मिलल बा।

Tags :
BabcockBangkokBangkok bus firebig breaking newsBus FireDesh videsh Newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article