टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bangladesh Interim Govt: मोहम्मद यूनुस आज शपथ लीहें, अंतरिम सरकार के सलाहकार परिषद में 15 सदस्य हो सकेलें

11:06 AM Aug 08, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

विद्यार्थियन के बधाई देत यूनुस कहले कि एह नया जीत के बेहतरीन इस्तेमाल करीं। अपना गलती से जीत ना फिसल जाए दीं। जनरल ज़मान कहले, हमरा पूरा भरोसा बा कि यूनुस हमनी के लोकतंत्र के राह पs वापस ले आइहे, जवना से सबके फायदा होई।

Advertisement

बांग्लादेश में मोहम्मद यूनुस के नेतृत्व में बनल अंतरिम सरकार गुरुवार के रात शपथ ले ली। देश के सेना प्रमुख जनरल वकार उज ज़मान कहले कि प्रो. यूनुस गुरुवार के ही पेरिस से ढाका लवटत बाड़े। एकरा संगे-संगे युनुस जनता से शांति कायम राखे आ हिंसा से दूर रहे के अपील कइले बाड़े। कहलन कि हिंसा के राह चुनब तs सब कुछ तबाह हो जाई । शांत रहीं आ देश के फेर से बनावे के तइयारी करीं।

विद्यार्थियन के बधाई देत यूनुस कहले कि एह नया जीत के बेहतरीन इस्तेमाल करीं। अपना गलती से जीत के ना फिसल जाए दीं। जनरल ज़मान कहले, हमरा पूरा भरोसा बा कि यूनुस हमनी के लोकतंत्र के राह पs वापस ले आइहे, जवना से सबके फायदा होई। सेना के यूनुस के पूरा समर्थन बा। जनरल ज़मान कहले कि, अंतरिम सरकार के सलाहकार परिषद में 15 सदस्य हो सकतारे। सेना प्रमुख आशा जतवले कि तीन से चार दिन में स्थिति सामान्य हो जाई। कहलन कि हालात में तेजी से सुधार भइल बा। जे अपराध में लागल बा ओकरा के ना छोड़ल जाई। एह लोग के खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल जाई। संगही ऊ दावा कइले कि उनका लगे देश के नौसेना आ वायुसेना के मुखिया के समर्थन बा।

असंभव के संभव बनावे खातिर लोग के धन्यवाद : खालेदा

घर के नजरबंदी से रिहा भइल बांग्लादेश राष्ट्रवादी पार्टी के प्रमुख बेगम खालेदा जिया बुधवार के ढाका में पार्टी के भारी रैली कइली। ऊ असंभव के संभव बनावे खातीर छात्र आ जनता के धन्यवाद देली। जिया कहली कि, देश के पुनर्निर्माण क्रोध चाहे बदला के माध्यम से ना, बलुक प्रेम आ शांति के माध्यम से होई। जरुरी बा कि एगो लोकतांत्रिक बांग्लादेश बनावल जाव जवना से ओह नवहियन के सपना पूरा हो सके जवना खातिर ऊ लोग आपन खून बहवले बा।

भारतीय उच्चायोग के जवान वापस आ गइले, काम जारी बा

ढाका में भारतीय उच्चायोग के गैर जरूरी कर्मचारी आ ओह लोग के परिवार के सदस्य स्वेच्छा से व्यावसायिक उड़ान से भारत लवट अइले। हालांकि भारतीय मिशन में मौजूद सगरी राजनयिक ढाका से काम करत बाड़े। भारत के चार गो सहायक उच्चायोग भी बा। एयर इंडिया आ इंडिगो बुध का दिने स्पेशल फ्लाइट चलावत ढाका में फंसल चार सौ से अधिका लोग के भारत ले आइल।

Tags :
bangladeshBangladesh Political CrisesBangladesh protestBhojpuri khabarKhabar Bhojpur Newskhabar bhojpuri news specialkhabarBhojpuriOfficialmohammad yunus
Advertisement
Next Article