टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बांग्लादेश उठवलस बड़ डेग, भारत सहित 5 देसन से अपना राजदूतन के वापस बोलवलस 

10:18 AM Oct 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बांग्लादेश के अंतरिम सरकार के प्रमुख मोहम्मद यूनुस। (फाइल फोटो)
Advertisement

शेख हसीना के पद से हटला आ देस छोड़ला के बाद बांग्लादेश के मोहम्मद यूनुस सरकार बियफे के बड़ फैसला लेले बिया। बांग्लादेश के बिदेस मंत्रालय अपना पांच राजदूतन के वापस ढाका बुला लेले बा। ई राजदूत भारत, ऑस्ट्रेलिया, बेल्जियम, पुर्तगाल आ संयुक्त राष्ट्र में तैनात रहस। एगो अधिकारी बतवलस कि एह सब राजदूतन के तुरंत अपना जिम्मेदारियन के सउपके वापस लवटे के कहल गइल बा। बांग्लादेश ई डेग ब्रिटेन में उच्चायुक्त सईदा मुना तस्नीम के वापस बुलवला के बाद उठावल गइल बा।

Advertisement

बांग्लादेश के बिदेश मंत्रालय के एगो अधिकारी बियफे के जानकारी देलस कि अंतरिम सरकार एगो बड़ कूटनीतिक फेरबदल में भारत में अपना राजदूत सहित पांच देसन से दूतन के वापस बुला लेले बिया। नाम न छपला के शर्त पs अधिकारी बतवलें कि बिदेस मंत्रालय ब्रुसेल्स, कैनबरा, लिस्बन, नई दिल्ली आ न्यूयॉर्क में संयुक्त राष्ट्र के स्थायी मिशन में तैनात राजदूतन के तुरंत ढाका लवटे के आदेस देले बा।

साभार: दैनिक जागरण

Tags :
Bangladesh Brings back 5 RajdootsBangladesh NewsBhojpuri Newsmohammad yunusShekh Hasina
Advertisement
Next Article